[the_ad_group id="30365"]

बाढ़ प्रभावित सगरी जिला के दौरा करिहें मुख्यमंत्री योगी, हवाई सर्वेक्षण कs के जनिहें हाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बुधवार के बाढ़ प्रभावित जिला के दौरा करिहें अउरी स्थिति के आकलन करिहें। मुख्यमंत्री गाजीपुर अउरी चंदौली जिला के हवाई सर्वेक्षण करिहें अउरी फिर साँझ के करीब साढ़े चार बजे बनारस पहुँचिहें।

बनारस में मुख्यमंत्री योगी एनडीआरएफ के साथ बाढ़ प्रभावित क्षेत्र के जायजा लीहें अउरी फिर बाढ़ पीड़ितन के राहत सामग्री के वितरण करिहें। दरअसल, प्रदेश में बाढ़ के स्थिति देखत 22 जिला के बाढ़ प्रभावित घोषित कइल गइल बा।

प्रदेश में गंगा, यमुना, बेतवा अउरी चंबल नदियन के जलस्तर बढ़ गइला से कई जिला में बाढ़ के हालात बन गइल बा। गांव वालन के सुरक्षित स्थान के तरफ पलायन करे के पड़ रहल बा अउरी अब ले हजार बीघा से ऊपर फसल जलमग्न हो चुकल बा। प्रशासन हाई अलर्ट पर बा। लोग के राहत सामग्री के बाँटल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]