[the_ad_group id="30365"]

हेड कांस्टेबल बनिहें 21 हजार से बेसी सिपाही, प्रमोशन के प्रक्रिया भइल पूरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पुलिस महकमा में 21295 सिपाहियन के प्रमोशन के प्रक्रिया पूरा हो गइल बा। ‘उप्र. पुलिस भर्ती एवं प्रोन्नति बोर्ड’ डीजीपी मुख्यालय के पूरा सूची सौंप दिहले बा। प्रमोशन खातिर रेस में 21777 सिपाही रहनें लेकिन 21295 के प्रमोशन के हरिहर झंडी दीहल गइल बा। जल्दिए डीजीपी देवेंद्र सिंह चौहान के अनुमोदन के बाद सूची संबंधित जिला में भेजल जाई।

‘पुलिस भर्ती एवं प्रोन्नति बोर्ड’ के अध्यक्ष राज कुमार विश्वकर्मा बतवलें कि डीजीपी मुख्यालय से बरिस 2011 ले भर्ती सिपाहियन के प्रोन्नति केखातिर प्रस्ताव भेजल गइल रहे। भर्ती बोर्ड कुल 6 विभागीय प्रोन्नति समिति बनवले रहे। ई समिति एकहक सिपाही के स्क्रीनिंग कs के कुल 21295 सिपाहियन के प्रोन्नति खातिर उपयुक्त पावल गइल बा।

भर्ती बोर्ड के ओर से पूरा सूची डीजीपी मुख्यालय के भेज दिहल गइल बा। डीजीपी मुख्यालय से पदोन्नत सिपाहियन के सूची जिला के पुलिस कप्तान के भेजल जाई। कप्तान ई सुनिश्चित करिहें कि जौने पुलिस कर्मी के प्रमोशन भइल बा ऊ मौजूदा समय में निलंबित त नइखे चाहे कौनो मामिला में ओकरे खिलाफ कौनो केस त दर्ज नइखे।

ई सत्यापन कइला के बाद जिला के कप्तान ओही जगह संबंधित सिपाही के प्रमोशन दे के हेड कांस्टेबिल के पद पs पदोन्नत कs दीहें। प्रमोशन पावल पुलिस कर्मियन के तबादला बाद में कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]