[the_ad_group id="30365"]

Money Laundering Cases: ईडी के बाहुबली मुख्तार अंसारी के 10 दिन के कस्टडी रिमांड मिली, होई पूछताछ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मनी लांड्रिंग ममिला में बुध के ईडी बाहुबली माफिया मुख्तार अंसारी के इलाहाबाद के जिला जज के अदालत में पेश कइलस। ईडी अंसारी के कस्टडी रिमांड खातिर याचिका दायर कइलस। एह ममिला में ईडी के मुख्तार अंसारी के 10 दिन के कस्टडी रिमांड मिलल बा। मुख्तार अंसारी 23 दिसंबर दुपहरिया दु बजे तक ईडी के कस्टडी में रहिहें, एह दौरान मनी लांड्रिंग ममिला में उनका से पूछताछ होई।

बता दीं कि अंसारी के पुत्र विधायक अब्बास अंसारी आ साला शरजील के पुलिस गिरफ्तार कs के पहिलही रिमांड पर ले चुकल बिया। फिलहाल दुनो के रिमांड कस्टडी पूरा होखला के बाद जेल भेजल जा चुकल बा। अब अंसारी के गिरफ्तार कs के ईडी कस्टडी लेके पूछताछ करे के तइयारी में बिया। मुख्तार अंसारी फिलहाल बांदा के जेल में बंद बाड़ें। बी वारंट पs मुख्तार के बांदा जेल से प्रयागराज ले आवल गइल बा। उहां से कड़ा सुरक्षा के बीच उनका के ले आवल गइल।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]