Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पन्त पार्क में सम्पन्न भइल दिशा छात्र संगठन-गोरखपुर इकाई के मासिक बैठकी

117

दिशा छात्र संगठन के मासिक बैठकी पंत पार्क में सम्पन्न भइल। एह में बोलत अंजलि कहली कि हमनी के ई बैठक अइसन समय में कs रहल बानीं जा जब नौजवानन के सामने शिक्षा आ रोजगार के समस्या दिन पर दिन भयावह होत रहल बा। प्राथमिक से लेके उच्च शिक्षा ले पूंजीवादी नीति के बलिदान दिहल जा रहल बा। हाल में गोरखपुर विश्वविद्यालय समेत देश के तमाम विश्वविद्यालयन में कई बेर फीस बढ़ावल गइल बा जेकरे चलते विश्वविद्यालयन के दरवाजा बहुते विद्यार्थियन खातिर बंद हो गइल बा। एही तरे बढ़त बेरोजगारी छात्रन के भविष्य के अन्हार गड्ढा में धकेल रहल बा।

शर्त बा कि बेरोजगारी के हालत में करीब 34 करोड़ युवक के कष्ट उठावे के मजबूरी बा। भारी संख्या में युवा निराशा के चलते अवसाद के शिकार हो रहल बाड़े अउर बहुत युवक आत्महत्या के रास्ता चुनतने। बाकिर छात्र आ नवहियन के प्रति संवेदनहीन सरकार रोजगार-सृजन खातिर कवनो डेग नइखे उठावत, उल्टा जे पहिले से रोजगार पर रहुवे ओकरा के भी समाप्त कर दिहल जा रहल बा। सरकारी विभागन में खाली पड़ल पदन पर कौनो नियुक्ति ना कइला से या त ऊ पद खतम हो रहल बा नाइ त ओकरा पर ठेका, ठेका आ आउटसोर्सिंग का माध्यम से लोग के राखल जा रहल बा। अइसन समय में दिशा छात्र संगठन सबका खातिर समान अउर निःशुल्क शिक्षा अउर सबका खातिर रोजगार के नारा पर राष्ट्रव्यापी छात्र-युवा आंदोलन बनावे के ठान लेहले बा।

विश्वविद्यालय के समस्या के बारे में बतियावत विकास कहले कि विश्वविद्यालय के कवनो जानकारी छात्र के आसानी से ना मिलेला। विश्वविद्यालय में ना त पीये के पानी बा ना शौचालय के सुविधा। लाइब्रेरी में एतना किताब नइखे कि लइके पढ़ें अउर न त सस्ता रेट के कैंटीन। मिड टर्म के परीक्षा अभिन खतम हो गईल रहे कि बिना कोर्स पूरा कईले अंतिम टर्म के परीक्षा के तारीख तुरंत घोषित कs दिहल गईल बा। बैठक में सब सदस्य विश्वविद्यालय के समस्या प आपन विचार रखले।

एह बइठक में विश्वविद्यालय के एह समस्या पर डिमांड लेटर तइयार क के विश्वविद्यालय प्रशासन के ज्ञापन देबे के फैसला कइल गइल बा।

402380cookie-checkपन्त पार्क में सम्पन्न भइल दिशा छात्र संगठन-गोरखपुर इकाई के मासिक बैठकी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.