यूक्रेन के ड्रोन हमला से तबाह भइल दू रूसी एयरबेस, पुतिन के तीन सैनिकन के मौत, कई लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 6, 2022

रूस के सबसे सुरक्षित मानल जाए वाले दू एयरबेस पर यूक्रेन के ड्रोन विमान सोमार के हमला कs दिहलस। एह हमला में पुतिन के तीन सैनिकन के मौत हो गइल अउर चार घायल हो गइलें।

Share

रूस के सबसे सुरक्षित मानल जाए वाले दू एयरबेस पर यूक्रेन के ड्रोन विमान सोमार के हमला कs दिहलस। एह हमला में पुतिन के तीन सैनिकन के मौत हो गइल अउर चार घायल हो गइलें। बतावल जा रहल बा कि एह ड्रोन हमला में रूस के दू Tu-95 परमाणु बॉम्बरो तबाह हो गइल बा। बता देईं कि रूस एह  बॉम्बर्स के यूक्रेन अउर ब्रिटेन के डेरवावे खातिर तैनात कइले रहनें। उहवें यूक्रेन के ओर से अउर हमला के खतरा के देखत रूसी एयरबेस के हाई अलर्ट पर कर दिहल गइल बा। एहसे पहिले, सेराटोव में एंगेल्स एयरबेस अउर रियाज़ान में डायगिलेवो एयरबेस में बड़ विस्फोट के सूचना मिलल रहे, लेकिन एहपर कौनो आधिकारिक टिप्पणी नाइ कइल गइल रहे।

हमला के बारे में  यूक्रेनी वायुसेना कइलस बिना नाम लिहलें ट्वीट

ओइसे रूसी सेना यूक्रेन के हमला पर आधिकारिक रूप से कौनो टिप्पणी नइखे कइले लेकिन इनकर वायुसेना ट्वीट कइलस “का भइल?” साथ में एगो पार्टी करे वाला चेहरा इमोजी अउर एगो बुरी तरह से क्षतिग्रस्त विमान के तरह दिखे वाली तस्वीर साझा कइल गइल बा।

 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.