पश्चिम बंगाल: अभिषेक बनर्जी के रैली से पहिले टीएमसी नेता के घर में ब्लास्ट, दू लोग के मौत, जांच में जुटल पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 3, 2022

पश्चिम बंगाल में टीएमसी नेता के घर पर देर रात बम धमाका के खबर बा। एहघटना में दू लोग के मौत हो गइल बा। हालांकि, शव के पहिचान अभिन ले नइखे हो पवले। बता देईं,

Share

पश्चिम बंगाल में टीएमसी नेता के घर पर देर रात बम धमाका के खबर बा। एहघटना में दू लोग के मौत हो गइल बा। हालांकि, शव के पहिचान अभिन ले नइखे हो पवले। बता देईं, ई बम धमाका टीएमसी के महासचिव अउर सीएम ममता बनर्जी के भतीजा अभिषेक बनर्जी के मेदिनीपुर में आज होखे वाला रैली से पहिले भइल बा। उ मेदिनीपुर के कोंटाई में एगो जनसभा के संबोधित करे वाला रहनें।

पुलिस के मुताबिक, मेदिनीपुर के भूपति नगर थाना क्षेत्र के अर्जुन नगर इलाका में ई घटना भइल। इहां रहे वाले टीएमसी के बूथ अध्यक्ष राजकुमार मन्ना के घर पर रात में विस्फोट भइल रहे। एकरे बाद पुलिस मौका पर दू शव के बरामद कइले बा। कुछ मीडिया रिपोर्ट्स में इहो कहलस जा रहल बा कि ई धमाका बम बनावे के दौरान भइल।

देसी बम से भइल धमाका

सोझे आइल बा कि टीएमसी नेता के घर पर देशी बम से धमाका भइल बा। एह विस्फोट में टीएमसी कार्यकर्ता के घायल होखले के भी खबर बा। पुलिस के मुताबिक, घटना सुक्क के रात करीब 11 बजे के आसपास के बा। ओंने, भाजपा एह मामिला के एनआईए जांच के मांग कइले बा। आरोप बा कि टीएमसी बूथ अध्यक्ष के घर पर बम बनावल जात रहल।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.