Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में 24 जून के आई मानसून : हीटवेव आ गरम रात से मिली राहत; सभे के बरखा के इंतजार

92
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर में बरखा के बाद निकलल घाम से ह्यूमिडिटी बढ़ गइल बा। बाकिर तापमान 38 डिग्री के नीचे बनल बा। सुक के शहर के अधिकतम तापमान 36°C रिकॉर्ड कइल गइल। ओहिजा न्यूनतम तापमान 28°C रिकॉर्ड कइल गइल।

बादल के अइला से सूरज के तपिश में कमी होखे के संगे  हीटवेव आ गरम रात से राहत मिलल बा। इहां के तापमान जवन कुछ दिन पहिले 46-47°C तक पहुंच गइल बा। ऊ अब 40°C के नीचे बनल बा। मौसम विभाग के अनुसार आज शहर के अधिकतम तापमान 36°C से कम रही। दिन में 20-30kmph के रफ्तार से हवा चली। एकरा संगही बादल आ घाम के सिलसिला जारी रही।

काल्ह के टेंप्रेचर

सबेरे 8 बजे- 29°C
दुपहरिया 2 बजे- 36°C
रात 8 बजे- 28°C
अधिकतम तापमान- 36°C

आज के टेंप्रेचर

सबेरे 8 बजे- 28°C
दुपहरिया 2 बजे- 35°C
रात 8 बजे- 30°C
अधिकतम तापमान- 36°C

23- 24 जून से बरखा के संभावना

मौसम वैज्ञानिक डॉ. कैलाश पांडेय बतवलें कि बिहार के कुछ हिस्सन में आगे बढ़ला से मानसून के पूर्वी शाखा के उत्तरी छोर बिहार के भागलपुर से होत रक्सौल तक पहुंच गइल। एकरा संगही 2-3 दिनन में गोरखपुर समेत पूर्वी उत्तर प्रदेश के कुछ हिस्सन में मानसून के पहुंचे के संभावना बा।

पूर्वी उत्तर प्रदेश में 23 जून से बरखा होई। 24 जून के पूर्वोत्तर तराई आ पूर्वांचल के कुछ जिलन में भारी बरखा के संभावना बा। पश्चिमी उत्तर प्रदेश में 25 जून से लगातार बरखा के संभावना बन रहल बा। गोरखपुर में 23 आ 24 जून से बरखा होखे के पूरा उम्मीद बा।

869650cookie-checkगोरखपुर में 24 जून के आई मानसून : हीटवेव आ गरम रात से मिली राहत; सभे के बरखा के इंतजार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.