[the_ad_group id="30365"]

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से भेंट कइली बांग्लादेश के पीएम शेख हसीना, दुनु नेता लो के बीच भइल द्विपक्षीय बातचीत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Sheikh Hasina India Visit प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिवार के नई दिल्ली इस्थित हैदराबाद हाउस में बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना के साथे द्विपक्षीय बातचीत कइलें। विदेश मंत्रालय (MEA) के प्रवक्ता रणधीर जायसवाल कहलें कि पीएम मोदी बांग्लादेश के प्रधानमंत्री के गर्मजोशी से स्वागत कइलें आ कहलें कि 2019 से दुनु नेता लो के बीच 10 बार मुलाकात हो चुकल बा।

द्विपक्षीय राजकीय यात्रा पऽ अइली पहिला विदेशी अतिथि

मोदी सरकार के तीसरका बेर सत्ता समहरला के बाद भारत के द्विपक्षीय राजकीय यात्रा पs अइली शेख हसीना पहिला विदेशी अतिथि बाड़ी। उनकर शनिचर के भोरे राष्ट्रपति भवन के प्रांगण में औपचारिक स्वागत कइल गइल। बता दी कि शेख हसीना प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के निमंत्रण पs दु दिवसीय राजकीय यात्रा पs शुक के भारत पहुंचलीं।

विशेष साझेदार के स्वागत

विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता रणधीर जायसवाल एक्स पs लिखले, ” एगो विशेष साझेदार के औपचारिक स्वागत! प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी राष्ट्रपति भवन के प्रांगण में बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना के स्वागत कइलें। उऽ भारत में नया सरकार के गठन के बाद द्विपक्षीय राजकीय यात्रा पs आइल पहिला अतिथि बाड़ी।”

महात्मा गांधी के श्रद्धांजलि अर्पित कइली

शेख हसीना आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी राष्ट्रपति भवन के प्रांगण में दुनु देशन के मंत्रियन आ प्रतिनिधियन से मुलाकात कइलें। एह अवसर पs बांग्लादेश के प्रधानमंत्री के स्वागत करे खातुर विदेश मंत्री एस. जयशंकर, केंद्रीय मंत्री जेपी नड्डा, राज्य मंत्री जितेंद्र सिंह आ कीर्ति वर्धन सिंहो मौजूद रहले। एकरा बाद प्रधानमंत्री हसीना राजघाट पs महात्मा गांधी के श्रद्धांजलि अर्पित कइली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]