[the_ad_group id="30365"]

रेलवे 22 जून के चलाई गोरखपुर-कोलकाता समर स्पेशल ट्रेन, छपरा के यात्रियन के मिली फायदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे के ओर से यात्रियन के यात्रा के सहूलियत आ सुविधापूर्ण बनावे खातिर लगातार काम कइल जा रहल बा। एही क्रम में छपरा के रास्ते स्पेशल ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा। रेलवे प्रशासन गरमी के दिनन में यात्रियन के हो रहल अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत 05184 गोरखपुर कोलकाता ग्रीष्मकालीन विशेष गाड़ी के संचलन 22 जून सनीचर के एकल यात्रा खातिर करी।

एह ट्रेन के संचालन से छपरा के यात्रियन के विशेष लाभ मिली। छपरा से कोलकाता तक सफर करे वाला यात्री इस एह ट्रेन के माध्यम में आपन यात्रा कs सकत बा लो। ई ट्रेन 11:15 बजे गोरखपुर से चलके दुपहरिया में 2:25 में छपरा पहुंची।

एह रूट से होके चली ट्रेन

ट्रेन संख्या 05184 गोरखपुर-कोलकाता ग्रीष्मकालीन विशेष गाड़ी 22 जून, 2024 के गोरखपुर से 11:15 बजे प्रस्थान कs के देवरिया सदर से 12:15 बजे, सीवान से 13:20 बजे, छपरा से 14:25 बजे, हाजीपुर से 15:35 बजे, मुजफ्फरपुर से 16:25 बजे, समस्तीपुर से 17:25 बजे, बरौनी से 19:00 बजे, झाझा से 21:35 बजे, जसीडीह से 22:09 बजे, चितरंजन से 23:05 बजे, आसनसोल से 23:45 बजे, दूसरे दिन दुर्गापुर से 00:20 बजे आ बर्द्धमान से 01:20 बजे छूटके कोलकता 04:00 बजे पहुंची।

एह गाड़ी में शयनयान श्रेणी के 16 आ एसएलआरडी के दुगो कोच सहित कुल 18 कोच लगावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]