Parliament Monsoon Session: संसद के मानसून सत्र 21 जुलाई से 12 अगस्त तक, केंद्रीय मंत्री रिजिजू देलें जानकारी

Share

सेंट्रल डेस्क: संसद के मानसून सत्र के तारीख घोषित हो गइल बा। केंद्रीय संसदीय कार्य मंत्री किरेन रिजिजू बतवलें कि 21 जुलाई से 12 अगस्त तक संसद के मानसून सत्र आयोजित कइल जाई। विपक्ष की ओर से ऑपरेशन सिंदूर आ पहलगाम आतंकी हमला के लेके लगातार कइल जा रहल संसद के विशेष सत्र के मांग के बीच सरकार ई एलान कइले बिया।

मानसून सत्र में पेश कइल जा सकता बा बीमा संशोधन विधेयक

संसद के मानसून सत्र में बीमा संशोधन विधेयक पेश कइल जा सकत बा। विधेयक में बीमा क्षेत्र में एफडीआई के सीमा बढ़ाके 100 प्रतिशत करे के तइयारी बा। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, विधेयक के मसौदा तइयार बा आ एकरा के जल्दिये मंजूरी खातिर कैबिनेट के सोझा पेश कइल जाई। कैबिनेट के मंजूरी के बाद वित्त मंत्रालय के तहत वित्तीय सेवा विभाग विधेयक के संसद में पेश करे के प्रक्रिया सुरू करी।

दु हिस्सन में आयोजित भइल रहे बजट सत्र

एकरा पहिले संसद के बजट सत्र दु हिस्सन में आयोजित कइल गइल रहे। पहिला सत्र 31 जनवरी के सुरू भइल आ 13 फरवरी तक चलल। संसद के बजट सत्र के दूसरा भाग 10 मार्च के सुरू भइल आ चार अप्रिल के समाप्त भइल।

राज्यसभा में केतना काम भइल?

बजट सत्र में राज्यसभा के सभापति जगदीप धनखड़ बतवले रहस कि सदन के अब तक के सबसे लमगर बैठक बियफे तीन अप्रिल के भइल रहे। ई तीन अप्रिल के सबेरे 11 बजे सुरू भइल आ चार अप्रिल के सबेरे 4:02 बजे तक चलल। ऊपरी सदन में रिकॉर्ड 49 निजी सदस्यन के विधेयक पेश कइल गइल। कुल मिलाके सदन कुल 159 घंटा काम कइलें, जेमे आधी रात के बाद 4 घंटा से जादे समय सामिल बा। एह सत्र के उ त्पादकता 119 प्रतिशत रहल।

लोकसभा में केतना काम भइल?

एह बीच लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला कहलें कि संसद के निचला सदन में 31 जनवरी के सत्र सुरू होखे से लेके अभी तक 26 बैठक हो चुकल बा। ऊ कहलें, ‘हमनी के 18वीं लोकसभा के चउथा सत्र में बानी सs। ई सत्र 31 जनवरी, 2025 के सुरू भइल रहे। एह सत्र में हमनी के 26 बैठक भइल आ कुल उत्पादकता लगभग 118 प्रतिशत रहल।’ ऊ बतवलें कि सत्र के दौरान 10 सरकारी विधेयक पेश कइल गइल। वक्फ संशोधन विधेयक आ मुस्लिम वक्फ (निरसन) विधेयक सहित 16 विधेयक पारित कइल गइल।

Read Also: Supreme Court: पत्रकारन से मारपीट कइल गइला पs सुप्रीम कोर्ट सख्त, मध्य प्रदेश सरकार के जारी कइलस नोटिस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-