[the_ad_group id="30365"]

कनाडा के खिलाफ मोदी सरकार सख्त, तीन दिन में तीसरका एक्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

तीन दिन में तीसरका कार्रवाई करत भारत कनाडा के नागरिकन खातिर भारतीय वीजा सेवा रद्द कs दिहले बा। भारतीय मिशन के ओर से जारी नोटिस में कहल गईल बा कि परिचालन के कारण से कनाडा के लोग खातीर भारतीय वीजा सेवा 21 सितंबर 2023 से आगे के सूचना तक रोक दिहल गईल बा।

कनाडा के प्रधानमंत्री जस्टिन ट्रूडो भारत पs खालिस्तानी आतंकी हरदीप निज्जर के हत्या में शामिल होखे के आरोप लगवले रहले, जवना के बाद दुनो देश के बीच तनाव चरम पs बा। एह कूटनीतिक विवाद के बीच भारत कनाडा के लोग खातिर वीजा सेवा बंद कs दिहले बा।

रिपोर्ट के मुताबिक बीएलएस इंडिया वीजा आवेदन केंद्र भारतीय मिशन के ओर से जारी नोटिस के हवाला देत कहले बा कि कनाडा में भारतीय वीजा से जुड़ल सेवा आगे के सूचना तक रोक दिहल गईल बा। कनाडा में भारत खातिर वीजा खाली बीएलएस इंडिया द्वारा दिहल जाला।

नोटिस में आगे कहल गईल बा कि ऑपरेशनल के कारण से भारतीय वीजा सेवा 21 सितंबर 2023 से आगे के सूचना तक रोक दिहल गईल बा। आगे के अपडेट खातिर बीएलएस इंडिया के वेबसाइट पs विजिट करत रहीं।

कनाडा के प्रधानमंत्री जस्टिन ट्रूडो आरोप लगवले बाड़न कि कनाडा के नागरिक आ खालिस्तानी आतंकी हरदीप सिंह निज्जर के हत्या में भारत के हाथ रहे। भारत ए आरोप के पूरा तरीका से खारिज क देले बा।

तीन दिन में तीसरका कार्रवाई

पिछला तीन दिन में ई तिसरका मौका बा जब भारत कनाडा के खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइले बा। एकरा से पहिले सोमार के दिने कनाडा खालिस्तानी आतंकी हरदीप निज्जर के हत्या में भारत के शामिल होखे के आरोप लगावत एगो वरिष्ठ भारतीय राजनयिक के निष्कासन के आदेश दिहले रहुवे जबकि भारत ‘जैसे को तैसा’ नीति के तहत कनाडा के एगो वरिष्ठ राजनयिक के भी बाहर निकाल दिहलस पांच दिन के भीतर कनाडा के।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]