[the_ad_group id="30365"]

यूएनएससी: भारत के बाद अब कनाडा के पीएम ट्रूडो रूस के बनवलें निशाना, व्लादिमीर पुतिन पs लगवलें ई आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कनाडा के प्रधानमंत्री जस्टिन ट्रूडो घरेलू राजनीति के चमकावे खातिर अब भारत के बाद रूस के निशाना बना रहल बाड़ें। पहिलही  यूक्रेन से युद्ध के लेके रूस के घेरे वाला ट्रूडो अब ओकरा पs खाद्य आ ऊर्जा संकट पैदा करे के आरोप लगवले बाड़ें। ऊ संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद के तरफ से यूक्रेन मुद्दा पs रखल गइल एगो बैठक में कहलें कि रूस बीतल  कुछ समय में खाद्य आ ऊर्जा के हथियार बना लेले बा।

ट्रूडो अपना भाषण में कहलें, “रूस ऊर्जा आ खाद्य के हथियार बनवले बा, जवना से करोड़न लोग एकरा कमी से जूझ रहल बा। खाद्य संकट के चलते भुखमरी के हालात पैदा हो रहल बा। ट्रूडो कहलें  कि कनाडा संकट से सबसे जादे प्रभावित भइल लोगन के मदद खातिर समर्पित बा ।” ऊ कहलें कि हमनी के नइखे लागत कि हमनीं के यूक्रेन के समर्थन आ सतत विकास लक्ष्य-वैश्विक विकास के मुद्दा में से केहू एगो के चुने के होई। जिम्मेदारी भरल डेग बा कि हमनी के दुनो के चुनीं, जवन कि हमनी के पूरा मजबूती आ आर्थिक प्रतिबद्धता के संगे कs रहल बानी सs।

‘यूक्रेन के लड़ाई हमनी के लड़ाई’

ट्रूडो रूस से तुरंत यूक्रेन से सेना वापस लेवे खातिर कहले कि यूक्रेन में जारी लड़ाई कनाडा के लड़ाई हs। ऊ कहलें कि ई हमनी के सम्मिलित संघर्ष बा आ एह बारे में केहू के कवनो शक ना होखे के चाहीं। ट्रूडो रूस के शांति पs सलाह देत कहलें कि दुनो देसन के बीच शांति नियमन के प्रति सम्मान पs आधारित होखे के चाहीं। ई शांति मानवतावाद आ साझा मूल्यन पs आधारित होखे के चाहीं।

भाषण में पुतिन के घेरलें

ट्रूडो अपना भाषण के दौरान रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन पs निशाना सधलें। ऊ कहलें कि पुतिन यूक्रेन के स्वायत्ता आ क्षेत्रीय अखंडता के उल्लंघन कइले बाड़ें। एह तरे के हिंसा आ मौतन के खिलाफ कार्रवाई कइल गइल बहुत जरूरी बा। ट्रूडो आरोप लगवलें कि रूस संयुक्त राष्ट्र में अपना वीटो शक्ति के इस्तेमाल जंग के बढ़ावा देवे में कइले बा। ऊ यूएन पs अप्रत्यक्ष तौर पs निशाना साधत कहलें कि एकर गठन लोगन के जंग के सजा से बचावे खातिर भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]