[the_ad_group id="30365"]

Modi Cabinet Reshuffle: कानून मंत्रालय से हटावल गइल किरेन रिजिजू के, अर्जुन मेघवाल के मिलल जिम्‍मेदारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मोदी मंत्रिमंडल फेरबदल : मोदी मंत्रिमंडल में बड़ बदलाव के खबर आईल बा। कानून मंत्री किरेन रिजिजू के एह पद से हटा दिहल गइल बा आ अब एह मंत्रालय के जिम्मेदारी अर्जुन मेघवाल के सौंपल गइल बा।

बतावल जाता कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के सलाह के बाद राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू मंत्रिमंडल फेरबदल के मंजूरी दे देले बाड़ी। आधिकारिक जानकारी के मुताबिक किरेन रिजिजू के कानून मंत्रालय से हटा के पृथ्वी विज्ञान मंत्रालय में नियुक्त कईल गईल बा।

किरेन रिजिजू कहले कि आवे वाला चुनाव के ध्यान में राखत पोर्टफोलियो में बदलाव कईल गईल बा। अरुणाचल प्रदेश के पश्चिम कामेंग जिला में जनमल किरेन रिजिजू अरुणाचल पश्चिम लोकसभा सीट से भाजपा सांसद हउवें।

वरिष्ठ अधिवक्ता आ राजनीतिज्ञ कपिल सिब्बल एह बदलाव पे चुटकी लिहले बाड़न। उ ट्वीट में लिखले, कानून ना, अब पृथ्वी विज्ञान मंत्री। कानून के पीछे के विज्ञान के समझल आसान नईखे। अब विज्ञान के नियम से जूझे के कोशिश करीहे। शुभकामना बा दोस्त।

साभार- abp न्यूज़

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]