[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: गोरखपुर में गाड़ी में बईठा के युवक के लगवलस इंजेक्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर में कुछ बदमाश एगो युवक के जबरन गाड़ी में बईठा के दु सुई लगा देले। हालांकि सुई लगते ही युवक गाड़ी से कूद के मेडिकल कॉलेज पहुंच के जांच करा देलस। उ चिंतित बाड़े कि सुई में ओकरा के कवन दवाई दिहल गईल बा।

घटना मंगलवार के शाहपुर इलाका के पादरी बाजार में भईल। परेशान युवक पुलिस से एकर शिकायत कईले बा। शाहपुर पुलिस तहरीर के आधार पे मामला के छानबीन करतिया। निरीक्षक मनोज पाण्डेय बतवले कि, तहरीर के आधार पे मामला के जांच कईल जाता। जल्दिए युवक के पहचान हो जाई अवुरी इंजेक्शन लगावे वाला के पकड़ल जाई।

दुकान से बाहर बोलावल आ फेर इंजेक्शन लगा दिहलस

दरअसल पिपराइच इलाका के जंगल धूसड़ निवासी मनोज कुमार शर्मा के पादरी बाजार में हेयर सैलून बा। बतावल जाता कि मंगलवार के सांझ के सात बजे एगो परिचित गाड़ी से पहुंचल। जब उ फोन कईले त नजदीक जाके गाड़ी में बईठा देले। गाड़ी में दु लोग अवुरी मौजूद रहले।

दुकान के सामने गाड़ी खड़ा क के बात करे लगले। एही बीच गाड़ी में बईठल युवक दाहिना हाथ में सुई लगा देलस। पीड़ित बतवले कि जसही हाथ में दरद भईल, उ गाड़ी के दरवाजा खोल के कूद गईले। जवना के बाद आरोपी पिपराइच के ओर भाग गईले।

घटना के जानकारी पुलिस के देला के बाद उ जिला अस्पताल पहुंचले, प्राथमिक चिकित्सा के बाद डॉक्टर उनुका के मेडिकल कॉलेज रेफर क देले। मेडिकल कॉलेज में जांच में इहे हालत पावल गईल। पीड़ित शाहपुर थाना में तहरीर दे देले बिया। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया।

साभार- दैनिक भास्कर

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]