[the_ad_group id="30365"]

Uric Acid के शरीर से खींचके बाहर निकाल फेंकी इs चटनी, नोट कs ली रेसिपी

यूरिक एसिड के कंट्रोल करे खातीर चटनी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूरिक एसिड हमनी के शरीर में पावल जाए वाला एगो बेकार पदार्थ हs जवन हमनी के शरीर में प्यूरीन के टूटला से बनेला, जवन कि शरीर से खतम हो जाला। बाकिर परेशानी तब आवेला जब एकर स्तर सामान्य से जादे होखे लागेला। यूरिक एसिड बढ़ला से गठिया अवुरी किडनी में पथरी जईसन समस्या हो सकता। एह से एकरा के काबू में राखल बहुत जरूरी बा।

बता दी कि जब यूरिक एसिड के स्तर बढ़ेला तs आपन खानपान के खास ध्यान राखे के जरूरत पड़ेला। प्रोटीन से भरपूर खाद्य पदार्थ के सेवन पs रोक बा। एकरा संगे अयीसन चीज़ के सेवन करे के सलाह दिहल जाला, जवना में प्यूरीन कम होखे चाहे बिल्कुल ना होखे। यूरिक एसिड के कम करे खातिर आप अपना आहार में एगो खास प्रकार के चटनी के भी शामिल कs सकतानी। ई चटनी बहुत पौष्टिक होला आ बहुत स्वादिष्ट भी होला।

यूरिक एसिड कम करे वाली चटनी कइसे बनाई

सामग्री

धनिया पतई- 1 कप (कटल )
पुदीना पतई- 1/2 कप (कटल)
अदरक- 1 इंच के टुकड़ा (कद्दूकस कइल )
हरी मिर्च- 2-3 (कटल)
नींबू के रस- 1 चम्मच
सेंधा नमक- स्वादानुसार

विधि 
चटनी बनावे खातिर धनिया, पुदीना, अदरक आ हरियर मरिचा के धो के साफ करीं। एकरा बाद इs सभ सामग्री के मिक्सर में डाल दीं। अब ओकरा में नींबू के रस डाल के तनी पानी डाल के सब कुछ पीस लीं। अब एगो कटोरी में चटनी निकाल के स्वाद के हिसाब से सेंधा नमक डाल के बढ़िया से मिला लीं। चटनी तैयार हो गईल बा। एकर सेवन रउआ खाना के संगे कs सकेनी। 

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]