[the_ad_group id="30365"]

Mission Shakti Phase 5.0 : डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में नारी सशक्तिकरण खातिर रैली आ नुक्कड़ नाटक के आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। डीएवीपीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रो. शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में मिशन शक्ति फेज 5.0 के तहत बुध के रैली आ नुक्कड़ नाटक के आयोजन भइल।

रैली कार्यक्रम खातिर सब स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका कॉलेज से निकल के मारवाड़ इंटर कॉलेज आ बक्शीपुर के आसपास के इलाका में महिला सशक्तिकरण खातिर हिस्सा लिहल लोग। रैली में “नारी के सम्मान, देश के अभियान” जइसन नारा लगावल गइल।

एह मौका पs मारवाड़ इंटर कॉलेज के लगे स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोगन के ओर से एगो नुक्कड़ नाटक पेश कइल गइल, जवना के उद्देश्य मिशन शक्ति के सफल बनावल रहे। नाटक के माध्यम से जनमानस में ई संदेश दिहल गइल कि नारी चाहे गृहणी, डॉक्टर, पुलिस, शिक्षिका भा समाज में कवनो रूप में काम करत होखे, ओकरा के समान हक आ सम्मान मिलल जरूरी बा।

“बेटी बचाओ, बेटी पढ़ाओ” के मकसद खाली महिला लोगन के पढ़ावल ना, बलुक ओह लोगन के समाज में पुरुष के बराबर अधिकार दिलावल बा। ई तबे संभव होई जब ऊ आपन कार्य स्थल पs एगो स्त्री के रूप में ना, बलुक समान अधिकार वाला साथी के रूप में काम करे के आजादी पाई।

दृष्टि, प्रिया, खुशबू, नाजिया, उजाला, सुषमा, पूर्णिमा आ सुमेर के टीम नुक्कड़ नाटक के माध्यम से धेयान खींच लेलस। कार्यक्रम में अमन, विशाल, श्रद्धा, विनय सहित सब स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोगन के सक्रिय सहभागिता रहल।

Read Also: Diwali Bonus : योगी सरकार दिवाली से पहले देलस तोहफा, 15 लाख राज्य कर्मचारियन के मिली बोनस

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]