Diwali Bonus : योगी सरकार दिवाली से पहले देलस तोहफा, 15 लाख राज्य कर्मचारियन के मिली बोनस

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2025

नई दिल्ली। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दीपावली के शुभ अवसर पs राज्य कर्मचारियन के बड़ उपहार देत वित्तीय बरिस 2024-25 खातिर बोनस देवे के निर्णय लेले बाडे़ं। मुख्यमंत्री कहलें कि ई निर्णय कर्मचारियन के परिश्रम आ

Share

UP News: सीएम योगी

नई दिल्ली। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दीपावली के शुभ अवसर पs राज्य कर्मचारियन के बड़ उपहार देत वित्तीय बरिस 2024-25 खातिर बोनस देवे के निर्णय लेले बाडे़ं। मुख्यमंत्री कहलें कि ई निर्णय कर्मचारियन के परिश्रम आ निष्ठा के प्रति राज्य सरकार के सराहना के प्रतीक बा। प्रदेश के प्रगति में सरकारी कर्मचारियन के भूमिका बहुते महत्वपूर्ण बा आ सरकार हर स्तर पs ओह लोगन के कल्याण खातिर प्रतिबद्ध बिया।

मुख्यमंत्री के निरदेस पs वित्त विभाग के ओर से जारी आदेस के अनुसार, राज्य सरकार के कर्मचारियन के उत्पादकता असम्बद्ध बोनस अनुमन्य कइल गइल बा। ई बोनस मासिक परिलब्धियन के अधिकतम सीमा ₹7,000 के आधार पs 30 दिनन के परिलब्धियन के आगणन करत दिहल जाई, जवना से हर पात्र कर्मचारी के ₹6,908 के लाभ मिली।

मुख्यमंत्री कहलें कि दीपावली से पहिले ई आर्थिक लाभ कर्मचारियन के परिवारन खातिर आनंद आ उत्साह लेके आई आउर शासन-प्रशासन में नया ऊर्जा के संचार करी।

एह निर्णय से राज्य सरकार के लगभग 14 लाख 82 हजार कर्मचारी लाभान्वित होई लोग, जवना पs कुल व्ययभार लगभग ₹1,022 करोड़ आई। मुख्यमंत्री निरदेस देले बाड़ें कि पात्र कर्मचारियन के बोनस के भुगतान समयबद्ध रूप से सुनिश्चित कइल जाव ताकि सब परिवार एह पर्व के उल्लासपूर्वक मना सके।

राज्य सरकार द्वारा अनुमन्य बोनस के दायरे में वे पूर्णकालिक अराजपत्रित कार्मिक शामिल हैं जिनके पद का वेतन मैट्रिक्स लेवल-8 (₹47,600- ₹1,51,100) तक है (सादृश्य ग्रेड वेतन ₹4,800 तक)।

एमे राज्य कर्मचारी, राज्य निधि से सहायता प्राप्त शिक्षण आ प्राविधिक शिक्षण संस्थानन के कर्मचारी, स्थानीय निकायन आ जिला पंचायतन के कर्मचारी, राजकीय विभागन के कार्यप्रभारित आ दैनिक वेतनभोगी कर्मचारी सम्मिलित बा लोग। बता दीं कि भारत सरकार के ओर से वित्तीय बरिस 2024-25 खातिर 29 सितंबर, 2025 के ओर से बोनस प्रदान करे के जाने के निर्णय लिहल गइल बा।

Read Also: Bihar Election 2025 : बीजेपी जारी कइलस 71 उम्मीदवारन के पहिला लिस्ट, दानापुर से लड़िहें रामकृपाल यादव

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.