[the_ad_group id="30365"]

फिलीपींस में लापता विमान दुर्घटनाग्रस्त, भारतीय पायलट सहित दु गो लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हवाई जहाज दुर्घटना : दक्षिण पूर्व एशियाई देश फिलीपींस में एगो विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गईल बा। एह हादसा में दू जने के मउत हो गइल बा। अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा से उड़ान भरला के बाद विमान लापता हो गईल। बाद में एह विमान के मलबा मिलल। जानकारी के मुताबिक फिलीपींस में एगो छोट विमान दुर्घटनाग्रस्त होखला से एगो भारतीय छात्र पायलट अवुरी फिलीपींस निवासी प्रशिक्षक के मउत हो गईल। अधिकारी बुध के दिने ई जानकारी दिहले। फिलीपींस के आधिकारिक समाचार एजेंसी के खबर बा कि अपयाओ प्रांत में दू सीटर ‘सेसना’ विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल जवना में दू लोग के मउत हो गइल।

हवाई अड्डा से उड़ान भरला के बाद लापता हो गईल

हालांकि बचावकर्मी दुर्घटना स्थल से कैप्टन एडजेल जॉन लुंबाओ तबुजो अवुरी छात्र पायलट अंशुम राजकुमार कोंडे के लाश ना निकाल पवले। स्थानीय मीडिया के खबर बा कि मंगलवार के रात 12:16 बजे लाओग अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा से उड़ान भरला के बाद इको ‘एयर सेसना 152’ विमान लापता हो गईल। विमान के दुपहरिया 3:16 बजे तुगुएगाराव हवाई अड्डा पहुंचे के रहे, लेकिन उहाँ उतरे में नाकाम रहल। बुधवार के दुपहरिया में अपायाओ प्रांत में विमान के मलबा मिलल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]