[the_ad_group id="30365"]

समृद्धि एक्सप्रेस हाईवे में मजदूरन पs गिरल गर्डर लॉन्चिंग मशीन: 14 के मौत, 3 घायल; PM मोदी के महाराष्ट्र पहुंचे के कुछ घंटन पहिले हादसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के ठाणे में शाहपुर के लगे समृद्धि एक्सप्रेस हाईवे पs सोमार के देर रात हादसा हो गइल। सरलांबे में बन रहल पुल से एगो गर्डर लॉन्चिंग मशीन गिरला से 14 मजदूरन के मौत हो गइल। जबकि 3 लोग घायल हो गइल।

शाहपुर पुलिस के मोताबिक समृद्धि एक्सप्रेस हाईवे के तीसरका चरण के कंस्ट्रक्शन के काम चलत रहे। जेमे मशीन के इस्तेमाल कइल जात रहे।

पुलिस आ फायर बिग्रेड मिलके बचाव अभियान में लागल बा।

बढ़ सकत बा मरे वालन के संख्या

रिपोर्ट्स के मोताबिक शाहपुर सब-डिस्ट्रिक्ट हॉस्पिटल में करीब 15 शव ले आवल जा चुकल बा। ओहिजा तीन से चार लोग घायल बा जेकर इलाज चल रहल बा। मरे वालन के संख्या आउर बढ़े के आशंका बा।

तिलक अवॉर्ड लेवे आ रहल बाड़ें PM मोदी

ई हादसा PM मोदी के महाराष्ट्र दौरा से चंद घंटन पहिले भइल बा। दरअसल, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगर (1 अगस्त) के सबेरे 11 बजे महाराष्ट्र के पुणे पहुंचिहें। सबसे पहिले पीएम दगड़ूशेठ मंदिर में जाके पूजा-अर्चना करिहें। एकरा बाद, ऊ एसपी कॉलेज मैदान में एगो कार्यक्रम में सामिल होइहें।

एह दौरान ऊ नया मेट्रो ट्रेन के हरियर झंडी दिखाके रवाना करिहें। संगही कइयन विकास परियोजनन के इनोग्रेशन आ शिलान्यासो करिहें।

पूर्व CM के महत्वाकांक्षी प्रोजेक्ट हs समृद्धि एक्सप्रेस हाईवे

देवेन्द्र फडणवीस के महत्वाकांक्षी परियोजना समृद्धि राजमार्ग के दु फेज सुरू हो चुकल बा। फिलहाल समृद्धि हाईवे नागपुर से इगतपुरी तक चल रहल बा। समृद्धि राजमार्ग के आखिरी आ तीसरका चरण दिसंबर 2023 तक पूरा होखे के संभावना बा। ई सौ किलोमीटर के चरण हs।

समृद्धि महामार्ग जवना के नाम हिंदू हृदयसम्राट बालासाहेब ठाकरे महाराष्ट्र समृद्धि महामार्ग हs। ई मुंबई आ नागपुर के जोड़े वाला 701 किलोमीटर लमहर एक्सप्रेसवे हs। जवन नागपुर, वाशिम, वर्धा, अहमदनगर, बुलढाणा, औरंगाबाद, अमरावती, जालना, नासिक आ ठाणे समेत दस जिलन से होके गुजरेला।

समृद्धि महामार्ग के निर्माण कार्य महाराष्ट्र राज्य सड़क विकास निगम कs रहल बा। दिसंबर 2022 में, प्रधान मंत्री नरेंद्र मोदी  शिरडी आ नागपुर के बीच 520 किलोमीटर लमहर  समृद्धि राजमार्ग के पहिला चरण के उद्घाटन कइलें।

एकरा बाद परियोजना के दूसरका चरण के उद्घाटन मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे आ देवेंद्र फडणवीस कइले रहे लो। नागपुर से इगतपुरी तालुका के भारवीर गांव तक कुल 600 किलोमीटर के सड़क खोल दिहल गइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]