[the_ad_group id="30365"]

Mi के 32 इंच LED टीवी मात्र 999 रुपये में! फेर ना मिली अइसन डील, तुरंत कs दीं ऑर्डर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Xiaomi के ओर से एगो शानदार ऑफर निकालल गइल बा, जेमे Mi स्मार्ट टीवी के इयरबड्स से कम कीमत में किनल जा सकी। Mi 32 इंच एलईडी स्मार्ट टीवी के मात्र 999 रुपिया में लोग किन रहल बा। ई डील फ्लिपकार्ट पs ऑफर कइल जा रहल बा। ई Mi स्मार्ट टीवी के 2022 मॉडल हs। जवना के किनला पs भारी डिस्काउंट दिहल जा रहल बा। जदि रउआ सस्ता में LED टीवी किनल चाहत बानी, तs Mi 5A 32 इंच टीवी एगो ऑप्शन हो सकत बा।

कीमत आ ऑफर

Mi 5A 32 इंच एलईडी स्मार्ट एंड्रॉइड टीवी के MRP 24,999 रुपिया बा। हालांकि एह 52 फीसद के छूट के बाद मात्र 11,999 रुपिया में फ्लिपकार्ट पs बिक्री खातिर उपलब्ध करावल गइल बा। जदि रउआ लगे पुरान टीवी बा, तs रउआ ओकरा के वापस कs के 11,000 रुपिया अधिकतम एक्सचेंज ऑफर के लुत्फ उठा पाएम। जदि रउआ 11,000 रुपिया के एक्सचेंज मिलत बा, तs Mi 5A स्मार्ट टीवी के कीमत मात्र 999 रुपिया रह जात बा। एकरा अलावे DBS बैंक कार्ड पs स्मार्ट टीवी किनला पs 10 फीसदी तक के छूट ऑफर कइल जा रहल बा। एह टीवी के किनला पs 1 साल के प्रोडक्ट वारंटी आ 2 साल के पैनल वारंटी दिहल जा रहल बा। स्मार्ट टीवी के किनला पs 10 दिन के रिटर्न पॉलिसी मिल रहल बा। मतलब जदि टीवी पसंद नइखे आवत, तs ओकरा 10 दिनन के अंदर वापस कइल जा सकी।

स्पेसिफिकेशन्स

Mi 5A 32 इंच स्मार्ट टीवी नेटफ्लिक्स, अमेजन प्राइम वीडियो, डिज्नी प्लस हॉटस्टार, यू-ट्यूब सपोर्ट के संगे आवेला। ई टीवी एंड्रॉइड ऑपरेटिंग सिस्टम के सपोर्ट करेला। एमें गूगल असिस्टेंट आ क्रोमकॉस्ट इन बिल्ड सपोर्ट दिहल गइल बा। टीवी में 1366 x768 पिक्चर रेजॉल्यूशन मिली। टीवी में 20 W साउंड आउटपुट आ 60 Hz रिफ्रेश रेट सपोर्ट मिलत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]