[the_ad_group id="30365"]

कर्नाटक के बेंगलुरु में बनत मेट्रो पिलर गिरल, दू जनी के मौत, कांग्रेस बोललस- ‘40% कमीशन सरकार’ के नतीजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कर्नाटक के राजधानी बेंगलुरु में के एगो बड़ हादसा हो गइल। इहां के आउटर रिंग रोड में बनत मेट्रो के पिलर गिरले से एगो महिला अउर उनके ढाई साल के बेटा दर्दनाक मौत हो गइल। पुलिस के मुताबिक घटना बिहाने करीब 11 बजे के ह, जब पिलर निर्माण खातिर लगावल गइल। टीएमटी सरिया उनके स्कूटर पर गिर गइल।

खम्हा के ऊंचाई 40 फीट से ज्यादा अउर वजन कई टन बतावल जा रहल बा। आसपास के लोग मृतकन के तुरंत नजदीकी अस्पताल पहुंचावल। पुलिस कहलस कि ऊ मामला दर्ज कs लिहले अउर आगे के जांच कइल जाई। एह घटना के चलते राह पर कुछ देर खातिर जाम लग गइल।

कर्नाटक कांग्रेस सधलस निशाना

कर्नाटक कांग्रेस अध्यक्ष डीके शिवकुमार कहनें कि बेंगलुरु में मेट्रो के पिलर ढह गइल। ई ‘40% कमीशन’ सरकार के नतीजा ह। विकास काम में कौनो गुणवत्ता नइखे। लोग के एह सरकार पर से भरोसा उठत जा रहल बा। हर जगह भ्रष्टाचार बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]