Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उन्नाव में भीषण हादसा: डीसीएम अउर बस के भिड़ंत में महिला समेत चार लोग के मौत, कई यात्री घाही

510

यूपी के उन्नाव जिला मे भीषण सड़क हादसा भइल। लखनऊ-आगरा एक्सप्रेस-वे पर डीसीएम के नेपाल जात बस से भिड़ंत हो गइल। एक्सप्रेस-वे पर औरास थाना क्षेत्र के टोल प्लाजा के लग्गे चालक के नशा में होखले से आलू लाद के लखनऊ जात डीसीएम तेज रफ्तार स्लीपर बस से टकरा गइल।

हादसा में बस सवार एगो महिला समेत चार लोग के मौत हो गइल। जबकि आठ यात्री गंभीर रूप से घाही हो गइलें। घटना के बाद मौका पर चीख-पुकार मच गइल। हादसा में बस एकदम क्षतिग्रस्त हो गइल।

बतावल जा रहल बा कि हादसा सुबह करीब तीन बजे भइल। बस राजकोट से नेपाल जात रहल। घटना के वक्त बस में 80 सवारी रहनें। घाही लोग में एक जनी के उपचार खातिर लखनऊ अउर बाकी के उन्नाव रेफर कइल गइल बा। हादसा के सूचना पर डीएम, एसपी सहित अन्य अधिकारी लोग राहत अउर बचाव कार्य के ले के जरूरी दिशा निर्देश दिहले। पुलिस लाश के पहचान करा रहल बिया।

434450cookie-checkउन्नाव में भीषण हादसा: डीसीएम अउर बस के भिड़ंत में महिला समेत चार लोग के मौत, कई यात्री घाही

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.