[the_ad_group id="30365"]

उन्नाव में भीषण हादसा: डीसीएम अउर बस के भिड़ंत में महिला समेत चार लोग के मौत, कई यात्री घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के उन्नाव जिला मे भीषण सड़क हादसा भइल। लखनऊ-आगरा एक्सप्रेस-वे पर डीसीएम के नेपाल जात बस से भिड़ंत हो गइल। एक्सप्रेस-वे पर औरास थाना क्षेत्र के टोल प्लाजा के लग्गे चालक के नशा में होखले से आलू लाद के लखनऊ जात डीसीएम तेज रफ्तार स्लीपर बस से टकरा गइल।

हादसा में बस सवार एगो महिला समेत चार लोग के मौत हो गइल। जबकि आठ यात्री गंभीर रूप से घाही हो गइलें। घटना के बाद मौका पर चीख-पुकार मच गइल। हादसा में बस एकदम क्षतिग्रस्त हो गइल।

बतावल जा रहल बा कि हादसा सुबह करीब तीन बजे भइल। बस राजकोट से नेपाल जात रहल। घटना के वक्त बस में 80 सवारी रहनें। घाही लोग में एक जनी के उपचार खातिर लखनऊ अउर बाकी के उन्नाव रेफर कइल गइल बा। हादसा के सूचना पर डीएम, एसपी सहित अन्य अधिकारी लोग राहत अउर बचाव कार्य के ले के जरूरी दिशा निर्देश दिहले। पुलिस लाश के पहचान करा रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]