[the_ad_group id="30365"]

सारण में 24 जून तक सब स्कूल बंद: 42 डिग्री तक पहुंचल पारा, दुपहरिया में सड़क पs छाइल रहल सन्नाटा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में सोमारो के गरमी के असर देखे के मिलल बा। सबेरही से तेज धूप के संगे गरमी महसूस कइल जा रहल बा। तेज धूप आ हवा के बीच स्वास्थ विभाग द्वारा लू के चेतावनी जारी कइल गइल बा।

एह दिनन जिला में लू लगला से बेमारी में बढ़न्ती भइल बा। बीतल 10 दिनन में जिला में 40 डिग्री के ऊपर तापमान रिकॉर्ड कइल गइल बा। आजुओ दुपहरिया बाद अधिकतम 42 डिग्री तापमान रहला के अनुमान लगावल जा रहल बा।

24 जून तक शिक्षण संस्थान बंद रखे के आदेस 

जिला में चल रहल भीषण गररमी, लू के प्रभाव के आगहू जारी रहला के संकेत मौसम विभाग के तरफ से प्राप्त भइल बा। भीषण गरमी आ अधिका तापमान के कारण लईकन के स्वास्थ आ जिनगी पs प्रतिकूल प्रभाव पड़ला के संभावना बा। एह कारण से जिलाधिकारी अमन समीर छपरा जिला के सब सरकारी, निजी विद्यालयन में 12वीं कक्षा तक के सब कक्षन के सब तरे के शैक्षणिक गतिविधियन पs 24 जून 2023 तक खातिर प्रतिबंध लगावे के आदेस जारी कs देले बाड़ें।

विद्यालय प्रबंधन के निरदेस दिहल गइल बा कि आदेस के आलोक में शैक्षणिक गतिविधि स्थगित रखल जाव। जिलाधिकारी द्वारा पत्र जारी करत सब शैक्षणिक संस्थान के बंद करे के आदेस दिहल गइल बा।

बढ़त गरमी आ मानसून के लेट होखला से किसान मायूस

जिला में भीषण गरमी के प्रतिकूल असर कृषियो पs देखल जा रहल बा। मानसून के लेट हो गइला से किसानन के चेहरा पs मायूसी देखल जा रहल बा। अमूमन 12 जून से 15 जून के बीच धान के खेती खातिर बिचड़ा डाल दिहल जाला। बाकिर भारी गरमी आ बरसात ना होखला के चलते अभी तक किसान लोग बिचड़ा नइखे डलले। किसान गरमी के काम होखे आ मानसून आवे के इंतजार कर रहल बा लो।

साभार: भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]