[the_ad_group id="30365"]

छपरा-आनंद विहार टर्मिनल के बीच स्पेशल ट्रेन के संचालन: 24 जून को छपरा से खुली गाड़ी, कुल 22 कोच होई, जानीं टाइम शेड्यूल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के तरफ जाये वाला यात्रियन के भारी भीड़ के देखत समर स्पेशल ट्रेन चल रहल बाड़ी सs। गाड़ी संख्या 01515/01516 छपरा कचहरी-आनंद विहार टर्मिनल के बीच 24 आ 25 जून के चलावल जाई। छपरा कचहरी से ई ट्रेन 24 जून के चली, जबकि वापसी में 25 जून के आंनद विहार टर्मिनल से खुली। एह ट्रेन के संचालन से छपरा आ आसपास के यात्रियन के विशेष लाभ मिली। एक फेरा में संचालन कइल जा रहल बा।

05115 छपरा कचहरी-आनंद विहार टर्मिनस विशेष गाड़ी 24 जून के छपरा कचहरी से आठ बजे प्रस्थान कs के मढ़ौरा से 08.30 बजे, मशरक से 08.52, दिघवा दुबौली से 09.25 बजे, सिधवलिया से 09.42 बजे, थावे से 11.10 बजे, तमकुही रोड से 11.44 बजे, पड़रौना से 12.20 बजे, कप्तानगंज से 13.07 बजे, गोरखपुर से 14.40 बजे, खलीलाबाद से 15.20 बजे, बस्ती से 15.50 बजे, गोण्डा से 17.15 बजे, बुढ़वल से 18.20 बजे, सीतापुर जं० से 20.20 बजे, दूसरका दिन बरेली से 00.02 बजे, मुरादाबाद से 01.48 बजे आ गाजियाबाद से 04.25 बजे छूटके आनन्द विहार टर्मिनस 05.00 बजे पहुंची।

वापसी के यात्रा में 05116 आनंद विहार टर्मिनस-छपरा कचहरी विशेष गाड़ी 25 जून के आनंद विहार टर्मिनस से 07.00 बजे प्रस्थान कs के गाजियाबाद से 07.32 बजे, मुरादाबाद से 10.48 बजे, बरेली से 12.30 बजे, सीतापुर जं० से 16.15 बजे, बुढ़वल से 18.20 बजे, गोण्डा से 19.30 बजे, बस्ती से 20.45 बजे, खलीलाबाद से 21.12 बजे, गोरखपुर से 22.30 बजे, कप्तानगंज से 23.28 बजे, दूसरका दिन पड़रौना से 00.14 बजे, तमकुही रोड से 00.52 बजे, थावे से 01.55 बजे, सिधवलिया से 02.55 बजे, दिघवा दुबौली से 03.12 बजे, मशरख से 03.45 बजे आ मढ़ौरा से 04.07 बजे छूटके छपरा कचहरी 04.40 बजे पहुंची।

एह गाड़ी के संरचना में जनरेटर सह लगेज यान के एगो, एल.एस.एल.आर.डी. के एगो आ साधारण द्वितीय श्रेणी के दु, शयनयान श्रेणी के सात, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के दु, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के दु, वातानुकूलित तृतीय इकोनामी श्रेणी के छव आ वातानुकूलित प्रथम श्रेणी के एगो सहित कुल 22 कोच लगावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]