[the_ad_group id="30365"]

EC के नियुक्ति खातिर 15 मार्च के मीटिंग :PM के अध्यक्षता में पैनल मेंबर सामिल होई लो, अरुण गोयल के इस्तीफे के बाद दुगो पद बा खाली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चुनाव आयोग में एह समय दुगो चुनाव आयुक्त के पद खाली बा। एकरा के भरल जाये के लेके प्रधानमंत्री के अध्यक्षता वाला पैनल के 15 मार्च के सांझ छव बजे बैठक होई। नियम के मोताबिक चुनाव आयोग में एगो मुख्य चुनाव आयुक्त (CEC) के अलावा दुगो चुनाव आयुक्त होला लो।

एगो चुनाव आयुक्त अनूप चंद्र पांडे फरवरी में रिटायर हो गइल बाड़ें। दूसरका अरुण गोयल नव मार्च के अचानके इस्तीफा दे देलें। लिहाजा तीन सदस्यीय चुनाव आयोग में एह घरी खाली CEC राजीव कुमार बाड़ें।

राजीव कुमार आ अरुण गोयल के बीच मतभेद के खबर

अरुण गोयल मुख्य चुनाव आयुक्त (CEC) बने के कतार में बा, काहेकि मवजूदा CEC राजीव कुमार फरवरी, 2025 में रिटायर होखे वाला बाड़ें। गोयल 21 नवंबर, 2022 के चुनाव आयुक्त के पद संभरले रहस। उनकर कार्यकाल पांच दिसंबर, 2027 तक रहे।

चुनाव आयोग के सूत्रन के मोताबिक, गोयल आ CEC राजीव कुमार के बीच फाइल पs मतभेद बा। हालांकि, गोयल इस्तीफा खातिर निजी कारणन के हवाला देले बाड़ें।केंद्र उनका के पद छोड़े से रोके के कोसिस कइले रहे। गोयल के सेहतो ठीक बा। एहिसे खराब सेहत के कारण इस्तीफा के अटकलन के खारिज कइल गइल बा।

रिपोर्ट में दावा- राजीव कुमार से मतभेद के कारण देलें इस्तीफा

द हिंदू के एगो रिपोर्ट के मोताबिक मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार आ चुनाव आयुक्त लोकसभा चुनाव के तइयारियन के जायजा लेवे पश्चिम बंगाल गइल रहस। गोयल पश्चिम बंगाल में तइयारियों से जुड़ल जानकारी देवे कोलकाता में प्रेस कॉन्फ्रेंस में सामिल होखे से इनकार कs देले रहस।

सूत्रन के कहनाम बा कि दुनो के बीच गंभीर मतभेद हो गइल रहे। एकरा बाद पांच मार्च के राजीव कुमार अकेलही प्रेस कॉन्फ्रेंस कइले रहस आ कहले रहस कि खराब सेहत के चलते गोयल दिल्ली लवट गइलें।

अब तीन मेंबर वाला आयोग में CEC राजीव कुमार अकेले

अरुण गोयल के इस्तीफा के बाद तीन सदस्यीय चुनाव आयोग में खाली CEC राजीव कुमार रह गइल बाड़ें। एकरा पहिले अनूप पांडे 15 फरवरी के चुनाव आयुक्त पद से रिटायर भइल रहस। पांडे के रिटायरमेंट के बाद से चुनाव आयोग में एगो पद खाली रहे।

गोयल 1985 बैच के पंजाब कैडर के रिटायर्ड IAS अधिकारी हवे। ऊ 18 नवंबर, 2022 के सचिव (भारी उद्योग) पद से वीआरएस लेले रहस। एकरा एक दिन बाद ऊ चुनाव आयुक्त बनावल गइल रहस। गोयल हाले में चुनावी तइयारियन के जायजा लेवे खातिर अलग-अलग राज्यन के दौरा करत रहस। हालांकि, स्वास्थ्य कारणन के हवाला देके दौरा बीच में छोड़ देले रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]