Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में मेडिकल रिप्रेजेंटेटिव कइलस सुसाइड: खुद के कमरा में बंद कs के खा लेलस जहर, डिप्रेशन में कइयन बेर पहिलहहूं अइसन कs चुकल रहे 

863

गोरखपुर में एगो मेडिकल रिप्रेजेंटेटिव (MR) जहर खाके सुसाइड कs लेलस। ऊ शहर के मोहद्दीपुर में किराया के कमरा लेके रहत रहे। बियफे के दुपहरिया ऊ खुद के कमरा में बंद कs लेलस। एह दौरान मकानमालिक के शक भइल तs ऊ दरवाजा खटखटावल। दरवाजा खुलवावे के कोसिस कइलो पs जब अंदर से आवाज ना आवत रहे।

एकरा बाद ऊ एकर सूचना तत्काल पुलिस के देलें। पुलिस दरवाजा तुड़लस आ अंदर देखल तs शिवाजी प्रजापति के मौत हो चुकल रहे। ओकरा मुंह से झाग निकलल रहे, एह वजह से जहर के आशंका बा। पुलिस जांच के बाद शव के पोस्टमार्टम खातिर भेजलस। बतावल जा रहल बा कि शिवाजी डिप्रेशन में रहे, जवना वजह से ऊ आत्मघाती डेग उठवलस। इंस्पेक्टर कैंट रणधीर मिश्रा बतवलें कि जुवक खुदकुशी कs लेले बा। शव के पोस्टमार्टम भेजल गइल बा। परिजनन के घटना के जानकारी दे दिहल गइल बा।

अक्सर खुद के कमरा में बंद कs लेत रहे शिवाजी

दरअसल, सहजनवां इलाका के लुचुई निवासी रद्युनाथ प्रजापति के बेटा शिवाजी प्रजापति (30) एगो दवा कंपनी में मेडिकल रिप्रेजेंटेटिव (MR) के काम करत रहे। ऊ मोहद्दीपुर में प्रदीप निषाद के मकान में किरायेदार रहे। मकान मालिक के मोताबिक, शिवाजी बहुत दिनन से डिप्रेशन में रहे आ कइयन बेर घर ले लोग समझा चुकल रहे। बाकिर, ऊ अक्सर खुद के बंद कs लेत रहे।

मुंह से निकलत रहे झाग

बियफे के दुपहरिया में ऊ खुद के कमरा में बंद कs लेलस। एह दौरान मकान मालिक के शक भइल तs ऊ दरवाजा खटखटावे लागल। दरवाजा खुलवावे के कोसिस कइलो पs जब अंदर से आवाज ना आइल तs ऊ एकर सूचना तत्काल पुलिस के देलें। पुलिस दरवाजा तुड़लस आ भीतरी देखल तs शिवाजी प्रजापति के मौत हो चुकल रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

645210cookie-checkगोरखपुर में मेडिकल रिप्रेजेंटेटिव कइलस सुसाइड: खुद के कमरा में बंद कs के खा लेलस जहर, डिप्रेशन में कइयन बेर पहिलहहूं अइसन कs चुकल रहे 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.