[the_ad_group id="30365"]

उत्तरकाशी में भूकंप के झटका से फेरु कांपी धरती, रिक्टर स्केल पs एतना रहल तीव्रता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हाल के समय में दुनिया के बिबिध देस सभ में भूकंप से लोग आतंकित हो गइल बा। अब उत्तराखंड के उत्तरकाशी जिला में जवन भूकंप के नजरिया से बहुत खतरनाक इलाका मानल जाला, सोमवार के सबेरे एक बेर फेर से धरती कांप उठल। नेशनल सेंटर फोर सिस्मोलॉजी के मुताबिक सोमवार के सबेरे 8.35 बजे उत्तरकाशी में भूकंप के झटका महसूस भईल, जवना से लोग में दहशत मच गईल।

एतना रहल तीव्रता

नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के मुताबिक उत्तराखंड के उत्तरकाशी जिला में सोमवार के सबेरे आईल भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 3.0 नापल गईल। बतावल जाता कि भूकंप के केन्द्र हिमाचल प्रदेश से सटल मोरी ब्‍लॉक के कोठीगाड रेंज में बतावल जाता। जारी अपडेट के मुताबिक भूकंप के केंद्र धरती के भीतर 5 किलोमीटर रहे।

कवनो नुकसान के खबर नइखे

अब तक उत्तरकाशी के एह कम तीव्रता वाला भूकंप के चलते प्रशासन के ओर से कवनो जान-माल के नुकसान के सूचना नईखे मिलल। हालांकि भूकंप के चलते लोग डेरा के घर से बाहर निकल गईले। बता दीं कि उत्तरकाशी क्षेत्र में कुछ समय से लगातार कई गो भूकंप के महसूस हो रहल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]