[the_ad_group id="30365"]

मातम खुसियन में बदलल: मेडिकल कॉलेज के डॉक्टर महिला के घोषित कइलें मृत, रस्ता में हो गइली जिंदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया जिला में एगो हैरान करे वाला ममिला सामने आइल बा। इहां गोरखपुर मेडिकल कॉलेज में डॉक्टर महिला मरीज के मृत घोषित कs के शव परिजनन के सउप देलें। गांव में मौत के खबर पहुंचतही नात-रिश्तेदार जुट गइल लो। दाह संस्कार के तइयारी होखे लागल।

ओने, शव के रूप में घरे के जाइल जा रहल महिला के चौरीचौरा के लगे होश आ गइल। परिजन आनन-फानन में उनका के लेके जिला अस्पताल पहुंचल लो। उहां डॉक्टर लोग जांच कs के छुट्टी दे देलस। एसे परिवार में मचल चीख-पुकार खुशी में तब्दील हो गइल।

महुआडीह थानाक्षेत्र के बेलवा बाजार गांव के कन्हैया के मेहरारू मीना देवी (55) के सोमार के तबीयत खराब हो गइल बा। उनका सांस लेवे में दिक्कत रहे। परिजन उनका के लेके जिला पs एगो चिकित्सक के इहां पहुंचल लो। हालत गंभीर होखला पs सोमार के सांझ के उनका के गोरखपुर मेडिकल कॉलेज खातिर रेफर कs दिहल गइल। मेडिकल कॉलेज में डॉक्टर भर्ती कs के महिला के इलाज सुरू कs देले। डॉक्टर सुक के सबेरे पांच बजे मीना देवी के मृत घोषित कs के आईसीयू से बाहर कs देलें।

मीना देवी के मौत के जानकारी होखते घर में चीख-पुकार मच गइल। सूचना मिलतही रिश्तेदारो दरवाजा पs जुट गइल लो। दुआरी पs जुटल गांव के लोग शव के दाह संस्कार के समूचा तइयारियो कs लिहल। लोग शव के गांव पहुंचला के इंतजार करे लागल।

ओने, शव के लेकर घर आवत घरी चौरीचौरा के लगे महिला के होश आ गइल। ऊ बात करे लगली। सभका के पहचानहूं लगली। ओकरा बाद मीना देवी के लेके घर के लोग जिला मुख्यालय पs एगो निजी चिकित्सक के लगे पहुंचल लो। डॉक्टर जांच-पड़ताल के बाद उनका के ठीक बताके घरे भेज देलें।

एह बात के जानकारी होखतही हर तरफ मचल चीख-पुकार अचानक खुशी में बदल गइल। अंतिम संस्कार खातिर कइल गइल तइयारी दरवाजा से हटा दिहल गइल। एह बात के चरचा क्षेत्र में होखतही महिला के देखे खातिर दुआरी पs लोगन के भारी भीड़ जुट गइल।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]