[the_ad_group id="30365"]

Delhi MCD Election 2022: नगर निगम चुनाव के शंखनाद, चार दिसंबर के मतदान, सात के परिणाम, आचार संहिता लागू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली नगर निगम चुनाव के शंखनाद हो गइल बा । मतदान चार दिसंबर के होई, जबकि परिणाम 7 दिसंबर के आई। चुनाव के एलान के संगही चुनाव आचार संहिता लागू हो गइल बा। प्रत्याशी सात नवंबर से 14 नवंबर के बीच नामांकन पत्र दाखिल क सकी लो। 16 नवंबर के नामांकन पत्रन के जांच होई आ प्रत्याशी 19 नवंबर तक नाम वापस ले सकी लो। आयोग पहिला बेर चुनाव प्रचार के वीडियोग्राफी कराई।

दिल्ली के चुनाव आयुक्त विजय देव सुक के कश्मीरी गेट इस्थित कार्यालय में एकर जानकारी देलें। ऊ बतवलें कि एमसीडी के 250 वार्ड खातिर 1,46,73,847 मतदाता 13,665 केंद्रन प मत डाल सकी लो। चार दिसंबर के सबेरे आठ बजे से साँझ साढ़े पांच बजे तक मतदान होई। चुनाव में एगो उम्मीदवार आठ लाख रुपिया खर्च कर सकी। पिछला चुनाव में 5.75 लाख रुपिया खर्च करे के सीमा रहे। सामान्य वर्ग के वार्ड में एगो उम्मीदवार के पांच हजार रुपिया जमानत राशि जमा करावे के होई, जबकि अनुसूचित जाति खातिर आरक्षित वार्डन में जमानत राशि ढाई हजार रुपिया होई।

विजय देव बतवलें कि दिल्ली राज्य चुनाव आयोग एगो स्वतंत्र संस्था हs आ ऊ एमसीडी चुनाव में निर्वाचन आयोग के नियम आ शर्तन के अपनावे के निर्णय लेले बा। एह तरे ऊ मतदान में ईवीएम के उपयोग करी। उम्मीदवार के नाम के संगे ओकर फोटो लगावल जाई। एमे मतदाता लोगन के उम्मीदवार पसंद ना होखला प नोटा के बटन के सुविधा दिहल जाई। हर वार्ड में एगो मॉडल मतदान केंद्र बनावल जाई। एकर संचालन महिला अधिकारी आ कर्मचारी करी लो। एह मतदान केंद्र में सब नागरिक सुविधा उपलब्ध होई। उम्मीदवार सबेरे 10 बजे से साँझ तीन बजे तक नामांकन पत्र दाखिल क सकी लो आ ऊ चुनाव प्रचार के दौरान रात 10 बजे से सबेरे छव बजे तक लाउडस्पीकर के उपयोग ना कर सकी लो।

एमसीडी चुनाव के कार्यक्रम

  • 04 दिसंबर के होई चुनाव
  • 07 दिसंबर के होई मतगणना
  • 07 नवंबर से नामांकन पत्र भरे के होई शुरूआत
  • 14 नवंबर तक भरल जा सकी नामांकन पत्र
  • 16 नवंबर के होई नामांकन पत्रन के जांच
  • 19 नवंबर तक वापस लिहल जा सकी नामांकन पत्र
  • 1,46,73,847 मतदाता
  • 13665 मतदान केंद्र
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]