[the_ad_group id="30365"]

IT Raid In Jharkhand: झारखंड में कांग्रेस विधायक जयमंगल सिंह आ प्रदीप यादव के घर प इनकम टैक्स के छापेमारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IT Raid In Jharkhand: झारखंड में केन्द्रीय एजेंसियन के सख्ती जारी बा। राज्य के मुख्यमंत्री को जहां एक ओर प्रवर्तन निदेशालय खनिज लीज घोटाला ममिला में समन भेजले बा। ओहिजा, अब बेरमो से कांग्रेस विधायक कुमार जयमंगल सिंह के घरे आईटी के छापेमारी आज माने सुक के होत भिनसहरे से शुरू हो गइल बा। बतावल  जा रहल बा कि विधायक कुमार जयमंगल सिंह के बेरमो स्थित ढोरी स्टाफ क्वार्टर आवास प लगभग 30-35 के संख्या में इनकम टैक्स के अधिकारी पहुंचल बा लो। विधायक कुमार जयमंगल सिंह के आवास के मुख्य द्वार बंद क के आवास के अंदर जांच पड़ताल कर रहल बा लो।

कांग्रेस विधायक प्रदीप यादव के रांची आ गोड्डा स्थित आवास प छापेमारी

संगही मिलल जानकारी के मोताबिक कांग्रेस के पोड़ैयाहाट विधायक प्रदीप यादव के घरे आईटी के छापा पड़ल बा। ई छापा उनका रांची स्थित आवास प पड़ल बा। संगही इनका गोड्डा स्थित आवासो प आयकर विभाग के छापेमारी शुरू बा। सूत्रन से मिलल जानकारी के अनुसार बेरमो के कोल व्यवसायी अजय सिंह के आवास के आयकर विभाग के अधिकारी तलाश कर रहल बा लो।

आठ गाड़ियन से आइल बा लो आयकर विभाग के अधिकारी

मीडिया सूत्रन से मिलल जानकारी के अनुसार आयकर विभाग के अधिकारी सबेरे लगभग 7:30 बजे बेरमो से कांग्रेस के विधायक कुमार जयमंगल सिंह के आवास पर पहुंचल लो। जानकारी इहो बा कि विभाग के अधिकारी कुल आठ गाड़ियन में इहां आइल बा लो जेमे से सात गाड़ी रांची के बतावल जा रहल बा ओहिजा, एगो गाड़ी के नंबर प्लेट जमशेदपुर के बा।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]