[the_ad_group id="30365"]

राष्ट्रपति चुनाव में बसपा एनडीए प्रत्याशी द्रौपदी मुर्मू के समर्थन करीहें मायावती, कइली एलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बसपा प्रमुख मायावती शनिचर का दिने एलान कइली कि आवे वाला राष्ट्रपति चुनाव में उनुकर पार्टी नेशनल डेमोक्रेटिक एलायंस (एनडीए) के उम्मीदवार द्रौपदी मुर्मू के समर्थन करी. उ कहले कि हमनी के इ फैसला ना त भाजपा चाहे एनडीए के समर्थन में कईले बानी ना विपक्ष के खिलाफ बालुक अपना पार्टी अवुरी आंदोलन के ध्यान में राखत ई फैसला लेहले बाड़ी।

बसपा सुप्रीमो इहो बतवली कि उनुकर पार्टी आदिवासी समाज के अपना आंदोलन के खास हिस्सा मानत राष्ट्रपति पद खाती द्रौपदी मुर्मू के समर्थन देवे के फैसला कईले बिया। मुर्मू के आवे वाला राष्ट्रपति चुनाव खातिर सत्ताधारी एनडीए के उम्मीदवार बनावल गइल बा. चुनाव जीतला पर मुर्मू पहिलका आदिवासी महिला होखीहें जे शीर्ष संवैधानिक पद पर रहीहें.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]