Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राष्ट्रपति चुनाव में बसपा एनडीए प्रत्याशी द्रौपदी मुर्मू के समर्थन करीहें मायावती, कइली एलान

418

बसपा प्रमुख मायावती शनिचर का दिने एलान कइली कि आवे वाला राष्ट्रपति चुनाव में उनुकर पार्टी नेशनल डेमोक्रेटिक एलायंस (एनडीए) के उम्मीदवार द्रौपदी मुर्मू के समर्थन करी. उ कहले कि हमनी के इ फैसला ना त भाजपा चाहे एनडीए के समर्थन में कईले बानी ना विपक्ष के खिलाफ बालुक अपना पार्टी अवुरी आंदोलन के ध्यान में राखत ई फैसला लेहले बाड़ी।

बसपा सुप्रीमो इहो बतवली कि उनुकर पार्टी आदिवासी समाज के अपना आंदोलन के खास हिस्सा मानत राष्ट्रपति पद खाती द्रौपदी मुर्मू के समर्थन देवे के फैसला कईले बिया। मुर्मू के आवे वाला राष्ट्रपति चुनाव खातिर सत्ताधारी एनडीए के उम्मीदवार बनावल गइल बा. चुनाव जीतला पर मुर्मू पहिलका आदिवासी महिला होखीहें जे शीर्ष संवैधानिक पद पर रहीहें.

281120cookie-checkराष्ट्रपति चुनाव में बसपा एनडीए प्रत्याशी द्रौपदी मुर्मू के समर्थन करीहें मायावती, कइली एलान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.