[the_ad_group id="30365"]

वडोदरा में मिलले एकनाथ शिंदे आ देवेंद्र फडणवीस, महाराष्ट्र में सरकार बनावे के तइयारी में भाजपा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Maharashtra Political Crisis: शिवसेना के बागी नेतन के लीडर आ विधायक एकनाथ शिंदे आउर भाजपा नेता देवेंद्र फडणवीस के बीचे सुक के रात में मुलाकात भइल बा। सूत्रन के हवाले से इहो जानकारी मिलल बा कि अमित शाहो ओह बेरा वडोदरा में रहस। बाकिर ई यह कह पावल मुश्किल बा कि अमित शाह एह मुलाकात में शामिल रहस कि ना? एह जानकारी के सामने आवते ई चरचा तेज हो गइल ना कि शिवसेना से बगावत कइला के बाद शिंदे का जल्दिये भाजपा के आपन समर्थन के ऐलान कर सकत बाड़े? दुनों के बीचे का खिचड़ी पक रहल बा? सूत्र बता रहल बा लो कि एह घटनाक्रम के सामने अइला के बाद महाराष्ट्र में भाजपा शिंदे गुट के साथे सरकार बनावे के तइयारी तेज कs देले बिया।

सूत्रन से जानकारी मिलल बा कि असम के गुवाहाटी में शिवसेना के 38 बागी विधायकन के साथे डेरा जमवले एकनाथ शिंदे गुजरात जाके वडोदरा में भाजपा नेता आ महाराष्ट्र के पूर्व मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस से मुलाकात कइलें हs। अइसन जानकारी सामने आइल बा कि मुलाकात खातिर रात साढ़े 10 बजे देवेंद्र फडणवीस मुंबई से निकलल रहस।

चार्टर प्लेन से पहुंचल रहे लो दुनों नेता

सूत्रन के जानकारी मिलल बा कि दुनों नेता चार्टर प्लेन से वडोदरा पहुंचल रहे लो। एकनाथ शिंदे गुवाहाटी से वडोदरा खातिर निकलले। जबकि फडणवीस मुंबई से रात साढ़े दस बजे निकलले। दुनों नेतन के बीचे देर रात दु बजे मुलाकात भइल रहे। इहो जानकारी सामने आ रहल बा कि दुनों नेता लो के बीचेकरीब दु घंटा बातचीत भइल। का बात भइल, एकर खुलासा नइखे हो सकल।

उद्धव ठाकरे ऐक्शन लेवे के तइयारी में

ओने, शिवसेना शिंदे गुट पs ऐक्शन लेवे के तइयारी कs चुकल बिया। शिंदे समेत 16 बागी विधायकन के सदस्यता रद्द करे खातिर डिप्टी स्पीकर शिवसेना के अनुरोध स्वीकार कइलें आ शिंदे गुट के नोटिस जारी करत जवाब दाखिल करे ला सोमार तक के समय देले बाड़े।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]