[the_ad_group id="30365"]

Ambedkar Jayanti: अम्बेडकर जयंती के मायावती देली सुभकामना, बोलली- बसपा के ‍स्थापना से भइल यूपी के भला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बसपा सुप्रीमो मायावती अम्बेडकर जयंती पs प्रदेश के जनता के बधाई देली। एह दौरान ऊ व‍िपक्षी पार्टियन पs बसपा के कमजोर करे के आरोपो लगवली।

मायावती कहली क‍ि अति-मानवतावादी आ कल्याणकारी संविधान देके आधुनिक भारत के मजबूत नेव रखे वाला परमपूज्य बाबा साहेब डा. भीमराव अम्बेडकर के आज उनका जयंती पs शत-शत नमन आ अपार श्रद्धा सुमन अर्पित। उनकर जीवन संघर्ष करोड़न गरीबन, मजदूरन, वंचितन आ आउर मेहनतकश लोगन खातिर आजो उम्मीद के किरण लेखा बा।

बसपा प्रमुख इहो कहली क‍ि उनका से प्रेरणा लेके उनकर आत्म-सम्मान आ स्वाभिमान के रुकल कारवाँ के आगे बढ़ावे आ जाति के आधार पs तुड़ल गइल लोगन के जोड़े खातिर आजे के दिन 14 अप्रिल सन 1984 के बहुजन समाज पार्टी के देस में स्थापना कइल गइल, जवन खास कs के यूपी में सामाजिक परिवर्तन आ आर्थिक मुक्ति के मिसाल बनल।

व‍िपक्षी पार्टियन पs हमलावर होत मायावती बोलली, एह दौरान संकीर्ण, जातिवादी, पूंजीवादी आ साम्प्रदायिक ताकत बीएसपी के कमजोर करे खातिर हर प्रकार के घिनौना हथकंडा अपनावल, बाकिर अइसन उतार-चढ़ावन के बावजूद पार्टी से जुड़ल लोग पूरा मजबूती आ समर्पन के संगे तन, मन, धन से मैदान में डटल रहल, जवना खातिर सभे के तहेदिल से आभार।

मायावती आगे कहली कि लखनऊ के विश्व विख्यात दारुल उलूम नदवातुल उलेमा के प्रमुख, आल इण्डिया मुस्लिम पर्सनल लॉ बोर्ड के अध्यक्ष आ मौलाना अली मियां के करीबी सैयद मोहम्मद राबे हसनी नदवी के आज इंतकाल के खबर अति-दुःखद। उनका परिवार आ दुनिया भर में रखे वाला उनकर तमाम चाहे वालन के प्रति हमार गहिराह संवेदना।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]