[the_ad_group id="30365"]

हृदय गति रुकला से पूर्व प्रबंधक आ प्रधानाचार्य देवकीनंदन यादव के निधन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह: श्री जवाहर लाल नेहरू रघुनन्दन इण्टर कॉलेज के पूर्व प्रधानाचार्य आ प्रबन्धक देवकीनंदन यादव के बियफे के लमहर बेमारी के बाद आज लखनऊ में इलाज के दौरान 8 बजे सांझ के 104 साल के उमिर में निधन हो गइल।

अपना पीछे चार लईकन के भरल-पूरल परिवार छोड़ गइल देवकीनंदन के चारो बेटा प्रकाश चन्द्र यादव, संजय यादव, रामअशीष यादव, अनन्त प्रकाश यादव बा लो। श्री जवाहर लाल नेहरू रघुनन्दन इण्टर कॉलेज कसिली के प्रबंधक रहत ग्रामीणन आ क्षेत्रवासियन के खूब सेवा कइला के वजह से निधन के खबर मिलतही शिक्षकन, लईकन आ क्षेत्र में शोक लहर दउर गइल।

समाज सेवी जयेंद्र चौधरी उर्फ सनी कहलें कि हमरा बाबूजी के एगो सच्चा मित्र होखला के नाते इहां के हमनी खातिर पिता तुल्य रहनी, उहां के एगो सच्चा सेवक रहनी, जेकरा के हमनी के क्षेत्र के जनता खो देले बिया। ग्रामीण सूरज यादव, धनु यादव, दीनानाथ यादव बतावल लो कि हमनी के अभिभावक रही आ इहां बिना ई गांव मार्गदर्शन से वंचित हो जाई। कांग्रेस जिला अध्यक्ष रामजी गिरी गहिराह शोक व्यक्त कइलें। विधायक दीपक मिश्रा ‘शाका’ बतवलें कि हमनी के आपन एगो सच्चा शिक्षक के खो देनी सs, सतरांव में शिक्षा के विकास में महत्वपूर्ण जोगदान इहां के रहे।

एही क्रम में क्षेत्र के सूरज यादव, प्रधान इंद्रपाल, सपा नेता कंकलता सिंह, सपा नेता गेनालाल यादव, सूर्यप्रकाश मिश्रा धन्नू, अभिनव यादव, उमेश यादव, रामवीर यादव, हंषनाथ यादव ,लालबाबु यादव, ऋषि कुमार , विजय यादव, विजय रावत, कमलेश गुप्ता, मुकेश यादव, शिक्षक सरोज कुमार, घनश्याम यादव, रणविजय कुमार, सन्तोष यादव, अमरनाथ यादव , प्रधान मुकेश यादव आदि गहिरराह शोक व्यक्त कइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]