Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा से होके चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित: इंजीनियरिंग कार्य के लेके यातायात ब्लॉक, यात्रियन के हो रहल बा परेसानी

306

पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मंडल अंतर्गत छपरा जं. यार्ड रिमाडलिंग, छपरा-गौतमस्थान के बीच दोहरीकरण आ विद्युतीकरण अउर छपरा-छपरा कचहरी के बीच तीसरका लाइन के कमिशनिंग खातिर प्री-नान इंटरलॉकिंग आ नान इंटरलॉकिंग कार्य के चलते यातायात ब्लॉक दिहल गइल बा।

यातायात ब्लॉक दिहल गइला के कारण कइयन गाड़ियन के शार्ट ओरिजिनेशन/शार्ट टर्मिनेशन, नियंत्रत्रित कइल गइल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। छपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन एह दौरान प्रभावित रहिहें सs। निर्धारित समय के बाद सब ट्रेन पहिले के समय आ मार्ग से संचालित होखे लागी।

लोकसभा चुनाव में कांग्रेस 291 सीट पs अकेले लड़ी: 9 राज्यन में 85 सीट I.N.D.I.A से मांगी; 14 जनवरी से पहिले सीटन के बंटवारा संभव

शार्ट ओरिजिनेशन

  • छपरा से 01 से 08 जनवरी, 2024 के चले वाली 05443 छपरा-मऊ अनारक्षित विशेष गाड़ी सीवान से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा-सीवान के बीच निरस्त रही।
  • छपरा से चले वाली 01 से 08 जनवरी के चले वाली 05248 छपरा-सोनपुर मेमू विशेष गाड़ी छपरा कचहरी से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा कचहरी-छपरा के बीच निरस्त रही।
  • छपरा से 02, 03, 05, 06, 07 जनवरी, 2024 के चले वाली 19046 छपरा-सूरत एक्सप्रेस आजमगढ़ से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा- आजमगढ़ के बीच निरस्त रही ।
  • छपरा से 03 जनवरी, 2024 के चले वाली 09066 छपरा-सूरत क्लोन विशेष गाड़ी गाजीपुर सिटी से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा-गाजीपुर सिटी के बीच निरस्त रही।
  • छपरा से 06 जनवरी, 2024 के चले वाली 11060 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस सीवान से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा-सीवान के बीच निरस्त रही ।

IIT-BHU के छात्रा से गैंगरेप के सब आरोपी अरेस्ट: गन पॉइंट परs कपड़ा उतरवाके बनवले रहले सs वीडियो; 60 दिन बाद बाइक के संगे पकड़इले सs 

गाड़ियन के नियंत्रण

  • नई दिल्ली से 01, 02, 03, 08 जनवरी, 24 के चले वाली 12554 नई दिल्ली-सहरसा एक्सप्रेस मार्ग में 60 मिनट नियंत्रित कs चलावल जाई।
  • हावड़ा से 02, 03, 05, 06, 07 जनवरी, 24 के चले वाली 13019 हावड़ा-काठगोदाम एक्सप्रेस मार्ग में 30 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • नई दिल्ली से 01, 02, 03, 04, 05, 08 जनवरी, 24 के चले वाली 12562 नई दिल्ली-जयनगर एक्सप्रेस मार्ग में 60 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।

पुनर्निर्धारण

  • दरभंगा से 01, 04, 06, 07 आ 08 जनवरी, 2024 के चले वाली 12565 दरभंगा-नई दिल्ली एक्सप्रेस दरभंगा से 60 मिनट पुनर्निर्धारित कs के चलावल जाई।
701050cookie-checkछपरा से होके चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित: इंजीनियरिंग कार्य के लेके यातायात ब्लॉक, यात्रियन के हो रहल बा परेसानी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.