[the_ad_group id="30365"]

तमिलनाडु के पटाखा फैक्टरी में जोरदार विस्फोट, 8 लोगन के मउत; कई लो घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तमिलनाडु के विरुधुनगर में शनिचर के दिने एगो पटाखा कारखाना में बड़हन विस्फोट हो गइल। अबे ले एs विस्फोट में कम से कम 8 लोग के मउत के खबर बा, जबकि तीन लोग के घाही बतावल जाता। पुलिस एs विस्फोट के बारे में जानकारी देले बिया। पुलिस प्रारंभिक जांच के हवाला देत कहलस कि, मरेवाला लोग में महिला लो भी बाड़ी। पटाखा बनावे वाला एs कारखाना में आग लागे के पीछे के कारन अबे ले पता नईखे चलल। बता दीं कि ई घटना तमिलनाडु के वेम्बकोट्टई थाना के तहत एगो जगह पs भईल बा।

दू जने के मउत हो गइल

चित्रकूट जिला मजिस्ट्रेट अभिषेक आनंद बतवले कि दू दिन के बुंदेलखंड गौरव महोत्सव कार्यक्रम के आयोजन पर्यटन विभाग के ओर से चित्रकूट इंटर कॉलेज के मैदान में कईल गईल। बुध के साँझ आतिशबाजी के कार्यक्रम होखे वाला रहुवे जवना खातिर मंच के पीछे पटाखा राखल रहुवे। उs बतवले कि आतिशबाजी से पहिले दुपहरिया करीब साढ़े तीन बजे पटाखा अचानक फट गईल अवुरी उहाँ काम करेवाला दु लोग के मउका पs मउत हो गईल अवुरी दु लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। दुर्घटना के गहराई से जांच कईल जाता। जे दोषी होई ओकरा खिलाफ कार्रवाई होई।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]