Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली के जवाहरलाल नेहरू स्टेडियम में पंडाल गिर गइल, हादसा में 8 लोग भइले घायल

312

 

राजधानी दिल्ली के जवाहरलाल नेहरू स्टेडियम के गेट नंबर 2 के लगे पंडाल गिर गईल बा। पंडाल के गिरला के चलते बहुत लोग के दबले के खबर बा। फायर ब्रिगेड के टीम मउका पs पहुंच गईल बिया। ताजा जानकारी के मुताबिक एs दुर्घटना में 8 लोग घाही हो गईल बाड़े।

जवाहरलाल नेहरू स्टेडियम के भीतर एगो आयोजन होखे वाला रहे। एही सिलसिला में गेट नंबर दू पs एगो बड़हन पंडाल लगावल गइल। 11 बजे के करीब अचानक पूरा पंडाल नीचे आ गईल अवुरी पंडाल के नीचे जवन लोग रहले उs लोग दब गईले। एकर सूचना तुरंत पुलिस अवुरी दमकल विभाग के दिहल गईल। मउका पs पहुंचल पुलिस अवुरी फायर ब्रिगेड के टीम मउका पs राहत अवुरी बचाव के काम शुरू कs देलस।

जानकारी के मुताबिक एs दुर्घटना में करीब 8 लोग घायल हो चुकल बाड़े अवुरी एम्स में भर्ती बाड़े। एही बीच मौका पs तलाशी अभियान चलता। घाही लोग के पंडाल से निकालल जा रहल बा। ताजा जानकारी के मुताबिक मौका पs 20 से जादे एम्बुलेंस मौजूद बा।

 

 

742890cookie-checkदिल्ली के जवाहरलाल नेहरू स्टेडियम में पंडाल गिर गइल, हादसा में 8 लोग भइले घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.