दिल्ली के जवाहरलाल नेहरू स्टेडियम में पंडाल गिर गइल, हादसा में 8 लोग भइले घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 17, 2024

  राजधानी दिल्ली के जवाहरलाल नेहरू स्टेडियम के गेट नंबर 2 के लगे पंडाल गिर गईल बा। पंडाल के गिरला के चलते बहुत लोग के दबले के खबर बा। फायर ब्रिगेड के टीम मउका पs

Share

 

राजधानी दिल्ली के जवाहरलाल नेहरू स्टेडियम के गेट नंबर 2 के लगे पंडाल गिर गईल बा। पंडाल के गिरला के चलते बहुत लोग के दबले के खबर बा। फायर ब्रिगेड के टीम मउका पs पहुंच गईल बिया। ताजा जानकारी के मुताबिक एs दुर्घटना में 8 लोग घाही हो गईल बाड़े।

जवाहरलाल नेहरू स्टेडियम के भीतर एगो आयोजन होखे वाला रहे। एही सिलसिला में गेट नंबर दू पs एगो बड़हन पंडाल लगावल गइल। 11 बजे के करीब अचानक पूरा पंडाल नीचे आ गईल अवुरी पंडाल के नीचे जवन लोग रहले उs लोग दब गईले। एकर सूचना तुरंत पुलिस अवुरी दमकल विभाग के दिहल गईल। मउका पs पहुंचल पुलिस अवुरी फायर ब्रिगेड के टीम मउका पs राहत अवुरी बचाव के काम शुरू कs देलस।

जानकारी के मुताबिक एs दुर्घटना में करीब 8 लोग घायल हो चुकल बाड़े अवुरी एम्स में भर्ती बाड़े। एही बीच मौका पs तलाशी अभियान चलता। घाही लोग के पंडाल से निकालल जा रहल बा। ताजा जानकारी के मुताबिक मौका पs 20 से जादे एम्बुलेंस मौजूद बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.