मनिका बत्रा करियर के सर्वश्रेष्ठ रैंकिंग पर

Share

स्टार खिलाड़ी मनिका बत्रा अंतराष्ट्रीय टेबल टेनिस महासंघ के नयका रैंकिंग में महिला एकल में 10 स्थान के छलांग के संगे करियर के सर्वश्रेष्ठ 38 वां रैंकिंग हासिल कइली। जी सत्यन 34वां स्थान के संगे शीर्ष भारतीय खिलाड़ी बाड़े। अनुभवी अचंता शरत कमल एक स्थान के फायदा के संगे 37 वां स्थान पs पहुंच गइल बाड़े।

अर्चना कामत 26 स्थान के लमहर छलांग के संगे 66वां, जुवा श्रीजा अकुला 39 स्थान के फायदा के संगे 68 वां आ रीत टेनिसन 197 स्थान के फायदा के संगे 97 वां स्थान पs पहुंचल बा लो।

- Sponsored Ads-

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-