[the_ad_group id="30365"]

जूनियर विश्व चैम्पियनशिप : ज्ञानेश्वरी के रजत, रितिका के कांस्य

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के ज्ञानेश्वरी यादव यूनान में चल रहल आईडब्ल्यूएफ जूनियर विश्व भारोत्तोलन चैम्पियनशिप में महिला लोगन के 49 किलोवर्ग में रजत पदक जीतली जबकि वी रितिका तीसरका स्थान पs रहली।

छत्तीसगढ के ज्ञानेश्वरी 156 किलो (73 आ 83 किलो) वजन उठवली।

ओहिजा 18 बरिस के रितिका 150 किलो (69 किलो आ 81 किलो) वजन उठाके कांस्य पदक जीतले। एह वर्ग में 10 प्रतिस्पर्धी उतरल रहे लो।

तोक्यो ओलंपिक के कांस्य पदक विजेता इंडोनेशिया के विंडी सी ऐसाह 185 किलो वजन उठाके स्वर्ण पदक जीतली। उनका आ ज्ञानेश्वरी के प्रदर्शन के बीचे 29 किलो के अंतर रहे।

एह टूर्नामेंट में चीन, उत्तर कोरिया आ थाईलैंड जइसन दिग्गज देश भाग नइखे लेले।

ई उहे वजन वर्ग हs जवना में तोक्यो ओलंपिक में मीराबाई चानू 202 किलो वजन उठाके रजत पदक जीतले रहली। चानू के नावे क्लीन आ जर्क वर्ग के विश्व रिकॉर्ड बा जब उ पिछिला साल एशियाई चैम्पियनशिप में 119 किलो वजन उठवले रही।

भारत के एह टूर्नामेंट में तीन पदक हो गइल बा। एकरा पहिले सोमार के हर्षदा शरद गरूड़ स्वर्ण पदक जीतले रहस।

रूस आ बेलारूस के आईडब्ल्यूएफ प्रतिस्पर्धा में भाग लेला से रोक दिहल गइल बा। पिछिला सत्र में रूस  सर्वाधिक नव गो पदक जीतले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]