मनिका-अर्चना के जोड़ी कांस्य पदक जीतलस

Anurag Ranjan
मनिका बत्रा (फोटो) आ अर्चना कामत के सेमीफाइनल में हार मिलल

भारतीय टेबल टेनिस खिलाड़ी मनिका बन्ना आ अर्चना कामत के जोड़ी के बुध के डब्ल्यूटीटी स्टार कंटेंडर के दोहा के महिला जुगल के सेमीफाइनल में हार के संगे कांस्य से संतोख करे के पड़ल। मनिका-अर्चना के जोड़ी के लि झुन आ चेन आई चिंग के जोड़ी हरवलस।

जी सत्यन के एकल के प्री क्वाटर में स्वीडन के क्रिस्टियन कार्लसन से आ मनिका बत्रा के जर्मनी के यिंग हान से हार मिलल।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।