Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भाजपा के ओर से राज्य सभा प्रत्याशी बनलें मनन मिश्रा, लोगन में खुशी

335
Google Ads 300*250 for posts

गोपालगंज के कुचायकोट प्रखंड के तिवारी खरेया गांव निवासी स्व. शिवचंद्र मिश्रा के बेटा आ बार काउंसिल ऑफ इंडिया के चेयरमैन मनन मिश्रा के राज्य सभा के उम्मीदवार बनावाल गइला के बाद समूचा जिला में खुसी के लहर दउड़ गइल बा। संगही उनका परिवार के लोगन के बधाई आ सुभकामना देवे वालन के ताता लागल बा।

उनका के चाहे वाला आ सगा संबंधितन के अलावे परिवार के लोगन में उत्साह देखे के मिल रहल बा। एक-दूसरा के मिठाई खिलाके खुशी मनावल जा रहल बा। बतावल जात बा कि मनन मिश्रा के पिता स्व. शिवचंद्र मिश्रा जिला के नामी आ वरिष्ठ सिविल कोर्ट के अधिवक्ता रहस। चार भाइयन में मनन मिश्रा तीसरका स्थान पs बाड़ें।

8 साल से भाजपा में कार्यरत

दुगो भाई गणेश मिश्रा आ केदार मिश्रा के देहांत हो चुकल बा। एह लोगन के परिवार गोपालगंज शहर में अधिवक्ता नगर में रहेला। जबकि छोट भाई अरुण मिश्रा बाहर रहेलें। जबकि मनन मिश्रा के परिवार पटना में रहेला। मनन मिश्रा के तीन गो बेटा बा लो, जेमे एगो बेटा हाईकोर्ट में अधिवक्ता जबकि दूसरका डॉक्टर बा आ तीसरका बेटा लंदन में एलएलएम कs रहल बा।

मनन मिश्रा भाजपा में आठ बरिसन से समर्पित रूप  से आठ साल से कार्यरत बाड़ें। ऊ भाजपा लीगल सेल के सदस्यो बाड़ें। पिछलका लोक सभा चुनाव में भाजपा इनका के स्टार प्रचारको बनवले रहे। ऊ बार काउंसिल चुनाव में सबसे जादे मतन से जीत दर्ज कs के बार काउंसिल के अध्यक्ष बनल रहस।

एकरा अलावे बार काउंसिल ऑफ इंडिया के छव बेर चेयरमैनो रहलें। ऊ बैकुंठपुर आ गोपालगंज से दु बेर विधान सभा के निर्दलीय चुनावो लड़ल रहस। बसपा ज्वाइन कs  के बगहा से लोक सभा के चुनावो लड़ चुकल बाड़ें।

933980cookie-checkभाजपा के ओर से राज्य सभा प्रत्याशी बनलें मनन मिश्रा, लोगन में खुशी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.