[the_ad_group id="30365"]

बिहार के कई जिला बंद के भारी असर, रेल सेवा प्रभावित, सहरसा के सभ मुख्यमार्ग बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

दलित आ आदिवासी संगठन आजु हाशिया पs पड़ल समुदायन के मजबूत प्रतिनिधित्व आ सुरक्षा के मांग करत ‘भारत बंद’ के आह्वान कइले बाड़न. भारत बंद के बसपा, राजद अवुरी चंद्रशेखर आजाद के आजाद समाज पार्टी समेत बहुत दल के समर्थन मिलल बा। भारत बंद के असर बिहार में देखल जा रहल बा। कई जिला में प्रदर्शन अवुरी सड़क जाम के खबर बा।

भारत बंद के आह्वान करे वालन के इहे बा मांग

हाल ही में संगठन सुप्रीम कोर्ट के सात जज के पीठ के फैसला के उल्टा नजरिया रखले बा, जवन कि ओ लोग के मुताबिक मील के पत्थर इंदिरा साहनी मामला में नौ जज के पीठ के फैसला के कमजोर करता, जवना मे भारत में आरक्षण के रूपरेखा स्थापित कइल गइल।  एनएसीडीएओआर सरकार से निहोरा कइले बा कि एह फैसला के एक तरफ राखे काहे कि ई अनुसूचित जाति आ अनुसूचित जनजाति के संवैधानिक अधिकारन खातिर खतरा बा. संगही संस्था अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति आ अनुजाति के आरक्षण के लेके संसद से नया कानून पारित करे के मांग कs रहल बा जवना के संविधान के नौवीं अनुसूची में शामिल कs के संरक्षित कइल जाव.

बेगूसराय में भी भारत बंद के असर

भारत बंद के असर बेगूसराय में भी देखल जा रहल बा। विरोध करत बंद समर्थक दिल्ली से गुवाहाटी जाए वाला राष्ट्रीय राजमार्ग 31 के कई जगह जाम कs के सुप्रीम कोर्ट अवुरी केंद्र सरकार के खिलाफ नाराबाजी कईले।

आरा रेलवे स्टेशन पs पटरी पs बइठल प्रदर्शनकारी, ट्रेन सेवा प्रभावित

आरा में भारत बंद के असर सबेरे से देखाई देवे लागल बा। एही क्रम में आजु बंद समर्थक आरा रेलवे स्टेशन पs डाउन लाइन पs पटना का ओर जात एगो विशेष ट्रेन के रोक के घंटन ले रेल परिचालन के पूरा तरह से बाधित कs दिहले आ केंद्र सरकार के खिलाफ नारा लगवले.एs दौरान आरा रेलवे स्टेशन पs पटरी पs बईठल बंद समर्थक जोर-जोर से केंद्र सरकार के खिलाफ नारा लगवले। एकरा संगे रेल परिचालन में रुकावट के चलते आवागमन करेवाला लोग के बहुत परेशानी के सामना करे के पड़ता।

सहरसा के सभ मुख्य सड़क बंद

भारत बंद के बड़ असर बिहार में देखल जा रहल बा. प्रदर्शनकारी सहरसा के सभ मुख्य सड़क बंद कs देले बाड़े। खिसियाइल लोग सड़क पs नारा लगा रहल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]