[the_ad_group id="30365"]

बिहार के रोहतास में भीषण सड़क हादसा, कार-ट्रक के टक्कर में 2 लोगन के दर्दनाक मौत, 3 घायल अस्पताल में भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में रोहतास जिला के चेनारी थाना इलाका में भीषण सड़क हादसा भइल बा। सबेरे हाइवे किनारे खड़ा ट्रक के कार जोरदार टक्कर मार देलस। हादसा में दु लोगन के मौत हो गइल आ तीन लोग घायल हो गइल।

एसपी विनीत कुमार बतवले कि सबराबाद गांव के लगे राष्ट्रीय राजमार्ग संख्या दु पs सबेरे कार आ ट्रक के बीच टक्कर हो गइल। ऊ बतवलें कि मृतकन में पश्चिम बंगाल के पश्चिम मिदनापुर जिला के दासपुर गांव निवासी बनकी मैथी (40) आ पंचगोपल मैथी (70) सामिल बा लो।

हादसा में घायल भाविन सोलंकी, फादमा मैथी आ जैसी मैथी के सदर अस्पताल सासाराम में भर्ती करावल गइल बा। जहां ओह लोगन के इलाज जारी बा। शवन के पोस्टमॉर्टम खातिर भेज दिहल गइल बा। एसपी बतवलें कि कार में सवार लोग गुजरात से कोलकाता जात रहे।

साभार: नवजीवन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]