Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रांची में पुलिस के बड़ कार्रवाई, सरला बिरला स्कूल आ आउर ठिकानन पs रेड

25

रांची। रांची पुलिस के एगो बड़ टीम सुक के सबेरे से सरला बिरला स्कूल समेत कइयन गो महत्वपूर्ण जगहन पs छापेमारी कs रहल बिया। एह छापेमारी के कारण ई बतावल जा रहल बा कि पुलिस के जानकारी मिलल रहे कि एह जगहन पs भारी मात्रा में नकद राशि रखल गइल बा। पुलिस के कार्रवाई के बाद पूरा इलाका में हड़कंप मच गइल बा आ लोग एह छापेमारी के लेके तरे-तरे के अटकल लगा रहल बा लो।

छापेमारी के प्रमुख ठिकाना

रांची पुलिस के टीम अलग-अलग जगहन पs एक संगे पहुंचल बिया, जेमे प्रमुख रूप से सरला बिरला स्कूल, उषा मार्टिन कॉलेज, अनगड़ा रिसोर्ट आ एगो BJP नेता के घर सामिल बा। एह जगहन पs अचानक पुलिस के पहुंचला से हड़बड़ी के माहौल बन गइल बा। बतावल जा रहल बा कि पुलिस के सूचना मिलल रहे कि एह जगहन पs पईसा रखल गइल बा आ एह सूचना के बाद छापेमारी के कार्रवाई सुरू कइल गइल बा।

पुलिस पहिलही एह ममिला में चेतावनी देले रहे कि ऊ कवनो असामान्य गतिविधि के नजरअंदाज ना करी। कुछ दिन पहिलहूं रांची के नामकुम इस्थित G.D. Goenka Public School आ YVYN University में छापेमारी कइल गइल रहे, जहां से भारी मात्रा में कैश बरामद भइल रहे। अब, फेर से एह तरे के छापेमारी कइल जा रहल बा, जवना से एह घटना के पीछे के सच्चाई के लेके सवाल उठ रहल बा।

पिछलका छापेमारी आ बरामदगी

कुछ दिन पहिले, रांची के नामकुम इलाका में इस्थित G.D. Goenka Public School आ YVYN University में भइल छापेमारी से पुलिस भारी मात्रा में नकद पईसा बरामद कइले रहे। ई पईसा स्कूलन आ विश्वविद्यालयन के अंदर रखल गइल बा, आ मानल जात रहे कि ई कवनो तरे के अवैध गतिविधि से संबंधित रहे। रांची पुलिस एह जगहन पs छापेमारी कइला के बाद एकरा के एगो बड़ उपलब्धि मनलस आ एकरा बारे में अधिकारी मीडिया के जानकारी देले रहे लो।

बिहार के एह शहर के मिली नया रेल लाइन परियोजना के सौगात, PM मोदी कइलें शिलान्यास

अब फेर से पुलिस के अइसन सूचना मिलल बा, जवना के बाद सरला बिरला स्कूल सहित आउर ठिकानन पs परेड के जा रहल बा। ई देखावत बा कि पुलिस के निगाह लगातार ओह संस्थानन पs बा, जहां एह तरे के गतिविधि हो सकत बा।

पुलिस के बयान आ कार्रवाई

रांची पुलिस एह छापेमारी के लेके कवनो आधिकारिक बयान जारी नइखे कइलें, बाकिर सूत्रन के कहनाम बा कि पुलिस के गुप्त सूचना मिलल रहे कि स्कूलन आ आउर जगहन पs बड़ मात्रा में नकद राशि रखल गइल बा। पुलिस अब एह नकद राशि के स्रोत आ ओकरा उद्देश्यन के पता लगावे खातिर जांच कs रहल बिया। पुलिस इहो स्पष्ट कइलस कि ऊ कवनो तरे के अनियमिततन के बर्दाश्त ना करी आ जरूरत पड़ला पs ममिला में कड़ कार्रवाई कइल जाई। 

एकरा अलावे, छापेमारी के दौरान पुलिस के संगे कुछ अधिकारियन आ कर्मचारियन के पूछताछ हिरासत में लिहल गइल बा, ताकि ममिला के पूरा जानकारी मिल सके।

राजनीतिक कनेक्शन के चरचा

एह छापेमारी में एगो BJP नेता के नाम सामने आ रहल बा, जेकर घर रेड के दौरान जांच के दायरा में बा। ई संजोग नइखे हो सकत कि जहां-जहां छापेमारी हो रहल बा, ओमे बीजेपी से जुड़ल संस्थो सामिल बाड़ी सs। राजनीतिक हलकन में एह छापेमारी के लेकर अब चरचा तेज हो गइल बा। लोग ई जाने खातिर उत्सुक बा कि का ई ममिला खाली पईसा के अवैध बेवस्था तक सीमित बा भा एकरा पीछे कुछ आउर बड़ कनेक्शन बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.