[the_ad_group id="30365"]

उत्तराखंड के रुद्रप्रयाग में बड़ हादसा, अलकनंदा नदी में गिरल यात्री वाहन, 16 लोग बह गइलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

एगो बड़ दुर्घटना के जानकारी उत्तराखंड के रुद्रप्रयाग जिला से मिल रहल बा। खबर के मुताबिक इहाँ के अलकनंदा नदी में एगो सवारी गाड़ी गिर गईल बा, जवना में 16 लोग सफर करत रहले। नदी के तेज धारा में सब केहू बह गइल बा। एs दुर्घटना के जानकारी मिलला के बाद पुलिस प्रशासन, जिला आपदा प्रबंधन, डीडीआरएफ समेत बाकी टीम मौका पs पहुंच के राहत के काम शुरू कs देले बा। नदी में लोग के खोज शुरू हो गईल बा।

अब तक के जानकारी के मुताबिक बद्रीनाथ हाईवे पs एगो टेम्पो ट्रैवलर गाड़ी बेकाबू होके अलकनंदा नदी में गिर गईल, जवना में 16 लोग सफर करत रहले। एह हादसा में 10 से अधिका लोग के मउत के खबर बा आ करीब 6 लोग घायल होखे के खबर बा. ई हादसा बद्रीनाथ राजमार्ग पs रेंतोली के लगे भइल.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]