[the_ad_group id="30365"]

BREAKING: छपरा के तरैया में कार में पति के सामने जिंदा जर गइल पत्नी, आयोध्या से दर्शन कs लवटत रहलें दम्पति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा। बिहार के सारण जिला से एगो वक्त एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा। जहां एहो चलती कार में अचानके आग लगला से पति के सामनही पत्नी जिंदा जरके मर गइल। ई घटना जिला के तरैया थाना क्षेत्र के एसएच 104 इस्थित पोखरेड़ा-बगही गांव के लगे के हs।

बिहार के छपरा जिला से एह घरी के एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा जहां एगो चलत कार में अचानक से आग लगला से पति के सामनही पत्नी जिंदा जरके मर गइल, ममिला जिला के तरैया थाना क्षेत्र के एसएच 104 इस्थित पोखरेरा-बगही गांव के लगे के हs। घटना भोर के चार बजे के बतावल जा रहल बा।

मृतिका जिला के अवतार नगर थाना क्षेत्र के पकवलिया गांव निवासी दीपक राय के पत्नी सोनी देवी बतावल जा रहल बाड़ी।

घटना के सूचना पs तरैया थाना के पुलिस फायर बिग्रेड टीम के संगे मवका पs पहुंचल तब ले महिला पूरा तरे से जर के मर चुकल रहली।

घटना के सम्बंध में बतावल जात बा कि दुनो दम्पती अपना कार से यूपी अयोध्या धाम दर्शन खातिर गइल रहे आ आज सबेरे सनीचर के लवटला के दौरान अचानके स्विफ्ट डिजायर कार में आग लाग गइल।

ओह दौरान पत्नी पिछला सीट पs सुतल रहली, अचानके आग लगतही कार लॉक हो गइल। पति कवनो तरे कूद के कार से बाहर निकलल, बाकिर ऊ अपना पत्नी के ना बचा पाइल आ ओकरा आंखिन के सोझा ओकर पत्नी जरके मर गइल।

इस हृदयविदारक घटना से क्षेत्र का माहौल गमगीन बना हुआ है। वहीं घटना की सूचना पर मृतक के परिजन चित्कार मार-मार कर रो रहे हैं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]