[the_ad_group id="30365"]

मुजफ्फरनगर में बड़ हादसा: रोडवेज से भिड़ल वैगनार, यूपी पुलिस के सिपाही समेत चार लोग के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के मुजफ्फरनगर में सोमार के बिहाने एगो सड़क हादसा में चार लोग के जान चल गइल। इहां मुजफ्फरनगर से मेरठ जा रहल सोहराब गेट डिपो के बस से मंसूरपुर के निकट उल्टा दिशा से आ रहल वैगनार कार के टक्कर हो गइल। टक्कर लगतही वैगनआर के परखच्चा उड़ गइल। हादसा में कार सवार चार लोग के मौत भइल बा। पुलिस मौका पs पहुंच के मृतक शव पोस्टमार्टम खातिर भिजवा दिहलें। बतावल गइल कि रोड़वेज में सवार कई यात्री भी घाही भइल बानें। हालांकि पुलिस दूनों वाहन के अपने कब्जे में ले लिहले बा।

बतावल गइल कि हादसा सुबह पौने नौ बजे भइल। वैगनार में पांच लोग सवार रहनें जेमें से दू लोग के मौका पर मौत हो गइल। जबकि दू लोग के जिला चिकित्सालय में मृत घोषित कs दिहल गइल। एगो व्यक्ति के हालत गंभीर बा।

मृतकन में यूपी पुलिस के सिपाही भी शामिल

बतावल गइल बा कि आधार कार्ड के आधार पर एगो मृतक के शिनाख्त यूपी पुलिस के सिपाही कुलदीप मिश्रा के रूप में भइल बा। सिपाही उत्तराखंड के उत्तरकाशी गांव थाल के रहे वाला बानें। गाड़ी पs पुलिस के निशान बनल बा।

इनकर भइल पहचान

उत्तरकाशी निवासी कुलदीप प्रसाद मिश्रा पुत्र विशाल मिश्रा, मोदीनगर की नेहरू कॉलोनी निवासी मनीष सिंघल पुत्र हरीश सिंघल, मेरठ के परीक्षितगढ़ निवासी अमन गौतम पुत्र हीरालाल गौतम, रक्षा संपदा कार्यालय में डाटा एंट्री ऑपरेटर दिनेश यादव के मौत भइल बा, जबकि एगो व्यक्ति गंभीर घाही बानें, जेके मेरठ रेफर कइल गइल बा।

बूढ़ आदमी के बचावे के दौरान भइल हादसा

एनएच-58 पs देवराना रिसोर्ट के समीप ई हादसा भइल रहे। हाईवे पर पार कर रहल एगो बूढ़ व्यक्ति के बचावे के दौरान कार सोहराब गेट डिपो के रोडवेज से बस से टकरा गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]