[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: सुतल परिवार पs गिरा कच्चा मकान, एक के मौत, 5 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gorakhpur: यूपी के गोरखपुर में सबेरे 4 बजे के लमसम बड़ हादसा हो गइल। कोतवाली थाना क्षेत्र के जगन्‍नाथपुर में सनीचर के सबेरे खपरइल के मकान ढहला से छव लोग ओकरा नीचे दब गइल। कोतवाली पुलिस के साथे एसडीआरएफ के टीम मौका पs पहुंचल आ सभे के बाहर निकललस। एमे 22 साल के जुवक क मकान के नीचे दबला के वजे से मौत हो गइल। ओहिजा पांच आउर लोगन के इलाज खातिर जिला चिकित्सालय में भर्ती करावल गइल बा। जहां पांचों खतरा से बाहर बतावल जा रहल बा लो।

कोतवाली थाना क्षेत्र के जगन्‍नाथपुर में खपरइल के मकान में 65 साल के रामदुलारे किराया पs रहेले। उनका साथे परिवार में निर्मला, अनुराधा, रानू, रागिनी आ रजत उर्फ राजा रहेला लो। सनीचर ले सबेरे 4 बजे के करीब खपरइल के मकान भरभरा के ढह गइल। एमे परिवार के सब लोग दब गइल। मौका पs पहुंचल एसडीआरएफ के टीम मकान के नीचे दबल सब छव लोगन के अस्पताल भेजववलस। जहां 22 साल के रजत उर्फ राजा के चिकित्सक लोग मृत घोषित कs दिहल। बाकी लोगन के इलाज चल रहल बा।

ऑक्सीजन के कमी से भइल मौत

स्वामी विवेकानंद सेवा मिशन के प्रभारी डॉ. विनय बतवले कि खपरइल के मकान के मलबा गिरला के जानकारी लोग दिहल।नंदिनी नाम के लईकी के हाथ खींचके निकालल गइल, ऊ बच गइल। राजा नाम के लईका भीतरी दबल रहे, ऑक्सीजन के कमी ले वजह से ओकर मौत हो गइल। अस्पताल में चिकित्सक ओकरा के मृत घोषित कs दिहल लो। ऊ बतवले कि खपरइल के मकान में कुल छव लोग रहत रहे।

गोरखपुर के एसपी सिटी कृष्‍ण कुमार बिश्‍नोई बतवले

कोतवाली थाना क्षेत्र के जगन्‍नाथपुर में खपरइल के मकान ढह गइल रहे। घटना के जानकारी होखला के बाद मौका पs एसडीआरएफ के संगे थाना कोतवाली पुलिस पहुंच गइल। मकान में छव लोग दबल रहे। सब लोगन के बाहर निकालल गइल। ओह लो के बाहर निकाल के इलाज खातिर अस्पताल ले जाइल गइल। एमे 22 बरिस के रजत के मौत हो गइल बा। आउर सब लोग स्वस्थ आ खतरा से बाहर बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]