Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur: सुतल परिवार पs गिरा कच्चा मकान, एक के मौत, 5 घायल

गोरखपुर में सबेर 4 बजे हादसा हो गइल। घर में सुत रहल 6 लोगन पs खपरइल के मकान गिर गइल। एह हादसा में 22 साल के जुवक के मौत हो गइल। ओहिज पांच आउर लोगन के जिला चिकित्सालय में भर्ती करावल गइल बा।

504

Gorakhpur: यूपी के गोरखपुर में सबेरे 4 बजे के लमसम बड़ हादसा हो गइल। कोतवाली थाना क्षेत्र के जगन्‍नाथपुर में सनीचर के सबेरे खपरइल के मकान ढहला से छव लोग ओकरा नीचे दब गइल। कोतवाली पुलिस के साथे एसडीआरएफ के टीम मौका पs पहुंचल आ सभे के बाहर निकललस। एमे 22 साल के जुवक क मकान के नीचे दबला के वजे से मौत हो गइल। ओहिजा पांच आउर लोगन के इलाज खातिर जिला चिकित्सालय में भर्ती करावल गइल बा। जहां पांचों खतरा से बाहर बतावल जा रहल बा लो।

कोतवाली थाना क्षेत्र के जगन्‍नाथपुर में खपरइल के मकान में 65 साल के रामदुलारे किराया पs रहेले। उनका साथे परिवार में निर्मला, अनुराधा, रानू, रागिनी आ रजत उर्फ राजा रहेला लो। सनीचर ले सबेरे 4 बजे के करीब खपरइल के मकान भरभरा के ढह गइल। एमे परिवार के सब लोग दब गइल। मौका पs पहुंचल एसडीआरएफ के टीम मकान के नीचे दबल सब छव लोगन के अस्पताल भेजववलस। जहां 22 साल के रजत उर्फ राजा के चिकित्सक लोग मृत घोषित कs दिहल। बाकी लोगन के इलाज चल रहल बा।

ऑक्सीजन के कमी से भइल मौत

स्वामी विवेकानंद सेवा मिशन के प्रभारी डॉ. विनय बतवले कि खपरइल के मकान के मलबा गिरला के जानकारी लोग दिहल।नंदिनी नाम के लईकी के हाथ खींचके निकालल गइल, ऊ बच गइल। राजा नाम के लईका भीतरी दबल रहे, ऑक्सीजन के कमी ले वजह से ओकर मौत हो गइल। अस्पताल में चिकित्सक ओकरा के मृत घोषित कs दिहल लो। ऊ बतवले कि खपरइल के मकान में कुल छव लोग रहत रहे।

गोरखपुर के एसपी सिटी कृष्‍ण कुमार बिश्‍नोई बतवले

कोतवाली थाना क्षेत्र के जगन्‍नाथपुर में खपरइल के मकान ढह गइल रहे। घटना के जानकारी होखला के बाद मौका पs एसडीआरएफ के संगे थाना कोतवाली पुलिस पहुंच गइल। मकान में छव लोग दबल रहे। सब लोगन के बाहर निकालल गइल। ओह लो के बाहर निकाल के इलाज खातिर अस्पताल ले जाइल गइल। एमे 22 बरिस के रजत के मौत हो गइल बा। आउर सब लोग स्वस्थ आ खतरा से बाहर बा।

341120cookie-checkGorakhpur: सुतल परिवार पs गिरा कच्चा मकान, एक के मौत, 5 घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.