[the_ad_group id="30365"]

आगरा-लखनऊ एक्सप्रेस-वे पs दर्दनाक हादसा, डीसीएम से टकराके 300 मीटर घिसटती रहल कार, एगो जुवक के मौत, दु घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आगरा-लखनऊ एक्सप्रेस-वे पs कार हादसा घटित हो गइल। एगो जु वक के मौत हो गइल। ओहिजा, कार सवार दु लोग घायल भइल बा। पुलिस घायलन के अस्पताल भेजले बिया। मृतक के शव पोस्टमार्टम गृह भेजल गइल बा।

दिल्ली से लखनऊ जात रहे लो कार सवार

शाहदरा दिल्ली निवासी अजय कुमार, जगजीत आ फिरोजाबाद के नगला बीच निवासी मनीष अतवार के सबेरे कार में सवार होला दिल्ली से लखनऊ खातिर रवाना भइल रहे लो। कार के अजय चलावत रहलें। मनीष पीछे के सीट पs बइठल रहले। जगजीत चालक के बराबर के सीट पs बइठल रहस। सबेरे करीब छव बजे कार थाना करहल क्षेत्र में लखनऊ-आगरा एक्सप्रेस-वे पs आगे चल रहल डीसीएम में घुस गइल। डीसीएम में फंस के कार करीब 300 मीटर तक घिसटत चली गइल।

अजय के गर्दन में आइल गंभीर चोट

एह घटना में कार चला रहल अजय के गर्दन में गंभीर चोट आइल। उनकर मवके पs मौत हो गइल। संगही बराबर में बइठल जगजीत के गंभीर चोट आइल बा। जबकि मनीष के मामूली चोट आइल बा। मवका पs पहुंचल एक्सप्रेस वे के सुरक्षा अधिकारी आरपी पांडेय घायलन के सैफई अस्पताल पहुंचवलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]