दिल्ली Vs गुजरात फैंटेसी- 11 गाइड: हार्दिक के कप्तान अउर पंत के उप-कप्तान बनाके हो सकत बाने मालामाल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2022

IPL के 15वें सीजन के शुरुआत शानदार रहल बा। लीग के दसवां मुकाबला आज सांझ 7:30 बजे से गुजरात टाइटंस अउर दिल्ली कैपिटल्स के बीचे होई। ई मैच महाराष्ट्र क्रिकेट एसोसिएशन स्टेडियम, पुणे (MCA) में

Share

IPL के 15वें सीजन के शुरुआत शानदार रहल बा। लीग के दसवां मुकाबला आज सांझ 7:30 बजे से गुजरात टाइटंस अउर दिल्ली कैपिटल्स के बीचे होई। ई मैच महाराष्ट्र क्रिकेट एसोसिएशन स्टेडियम, पुणे (MCA) में खेलल जाई। दूनो टीम सीजन के आपन पहिला मुकाबला जीत चुकल बा।

गेंदबाज के रूप में राशिद खान, मोहम्मद शमी अउर शार्दूल ठाकुर के चुनल ठीक रही। स्पिन मैजिशियन राशिद बल्ला से बड़ शॉट्स खेलले के काबिलियत रखत बाने। ओसे ज्यादा पॉइंट्स के उम्मीद बा। गुजरात के पेस बैटरी के कमान संभालत शमी लास्ट मैच में पहिली बेर पावर प्ले में 3 विकेट लेहले रहने। लॉर्ड शार्दूल बॉलिंग अउर बैटिंग से कौनो समय टीम के मैच में वापस ला सकत बाने। ऑलराउंडर्स के रूप में हार्दिक पंड्या,राहुल तेवतिया अउर ललित यादव फैंटेसी-11 हिस्सा बनवले काफी पॉइंट्स दिला सकत बाने। फैंटेसी 11 खातिर बल्लेबाजन में पृथ्वी शॉ, शुभमन गिल अउर डेविड मिलर के चुन सकत बाने। मैच खातिर बतौर विकेटकीपर ऋषभ पंत अउर मैथ्यू वेड के फैंटेसी टीम के हिस्सा बनावल फायदेमंद हो सकत बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.